बुड़बके नू होई जेे अपना मेहरी सेे रंगदारी करी

by | Mar 31, 2024 | 0 comments

screengrab of youtube video

आ अब त खुलेआम धमकी दिआत बा कि, ‘देखी जनि हमरा के आंख कके लाल जी, ना त खइले बिना राउर होई बुरा हाल जी.’

भोजपुरी गीत -गवनई मेें हँसी-ठिठोली खूबे मिलेला सुने केे. अब खुशबू तिवारी अपना यू ट्यूब पर आपन गावल गाना पोस्ट कइले बाड़ी जवना में धमकावल गइल बा कि, ‘होई ठीक न जे देब रउआ गारी राजा जी, मेहरी से कईल रंगदारी राजा जी, पड़ जाई रउरा प भारी राजा जी.’

आ हालात कतना गंभीर बा ऊ एहिसे जान लीं कि राजा जी के बकार नइखे निकलत मेहरी का धमकी का आगेे.

‘मेहर से रंगदारी पड़ जाई भारी’ मथैैला वाला एह गीत के वीडियो वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स भोजपुरी अपना यूट्यूब चैनल पर रिलीज कइले बावेे. बाकिर गायिका खुशबू तिवारी एकर आडियो अपना यूट्यूब चैैनल पर रिलीज कइले बाड़ी. एहिजा हम आडियो वाला पोस्टे साझा करेे जा रहल बानी. एकरा सेे एगो सुविधा त ई हो जाई कि वीडियो में देखावल हाव-भाव से बाचत गाना के आनन्द लीहल जा सकेला.

एकर गीत आ संगीत दुनू यादव राज के हवेे. गाना का साथेे गीतकार आ संगीतकार के नाम ना दीहल बेजाँय मानल जाई.

लीं, रउरो सभे अब मेहरी के धमकावल सुनीं –

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up