भउजी हो, अइसनो होला का…

by | Oct 24, 2023 | 0 comments


भउजी हो, अइसनो होला का…

हँ बबुआ, अइसन त होते रहेला.

का ?

उहे जवन रउरा पूछनी हऽ ?

का पूछनी हऽ ?

इहे कि अइसनो होला का. आ होखे के त कइसनो हो सकेला, अइसनो हो सकेला, वइसनो हो सकेला, तइसनो हो सकेला. हँ अब साफ-साफ पूछीं का पूछत रहनी हऽ ?

सुने में आवत बा कि रुस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन पिछला कुछ महीना से अपना बदले अपना डुप्लिकेट से काम चलावत बाड़न काहें कि उनुकर तबियत अतना खराब बा कि सार्वजनिक तौर पर बहुते ना आ सकसु. आ टटका खबर सुने में आवत बा कि उनुका दिल के दौरा पड़ल बा आ उनुकर गहन चिकित्सा करावल जा रहल बा.

ऐ बबुआ, साँच पूछीं त एहमें अचरज के कवनो बाति ना होखे के चाहीं. आजुए से ना बरीसन से अइसन होत आइल बा. हाल फिलहाल के इतिहास त एह तरह के उदाहरणन से भरल बा. जनरल बर्नार्ड मॉन्टगुमरी, जोसेफ स्टालिन, सुकर्णो, हेनरी किसिंजर, बोरिस एल्तसिन, सद्दाम हुसैन, ओसामा बिन लादेन, वगैरह कतना नाम गिनावल जा सकेला. आ सबले चटकदार त ई कि इहो दावा करेवाला बाड़ें जे कहत रहलें कि महारानी एलिजाबेथ मरद रहली. आ एही चलते ऊ कबो बिआह ना कइली.

ई का भउजी, पूरा बतावऽ.

बतावल जाला कि असली एलिजाबेथ प्रथम के मौत उनुका दसे बरीस का उमिर में हो गइल रहुवे. उनुका देखभाल करे खातिर लोग हदस गइल कि अगर एलिजाबेथ प्रथम के बाबूजी हेनरी अष्टम के ई मालूम हो गइल त ऊ सभकर जान ले लिहें. एहसे आपन जान बचावे खातिर ऊ लोग खोजे लागल कि एलिजेबेथ का तरह लउके वाला कवनो लईकी के एलिजाबेथ बना के राख लीहल जाव. कवनो लईकी त ओइसन ना मिलल बाकिर बिस्ले गाँव के एगो लईका हूबहू उनके कद-काठी के भेंटा गइल. ओहि लईका के सिखा-पढ़ा के ऊ लोग एलिजाबेथ प्रथम का जगहा राख दीहल. कहेवाला कहत रहलें कि एही चलते एलिजाबेथ प्रथम कबो बिआह ना कइली आ बाद में बुढ़इला पर ऊ गंजो – टकला – हो गइल रहुवी. एह ‘कहानी’ पर ब्रैम स्टोकर त एगो किताबे लिख दिहलें फेमस इम्पोस्टर्स नाम से.
आ रउरा त सुनलहीं होखब कि अपना पीएम नरेन्द्रो मोदी के कईगो डुप्लिकेट बाड़ें जिन्हन के इस्तेमाल भाजपा जब-तब जुलुस-जलसा में इस्तेमालो करत रहेले. एगो लिंक रउरो देख लीं यूट्यूब के –

अरे भउजी तूं त कमाल के जानकारी राखेलू.

ना बबुआ, गूगल आ विकिपीडिया का जमाना में सगरी जानकारी राखल जरुरी नइखे रहि गइल. जबे मन करे गूगल बाबा से सवाच लीं ऊ एगो-दू गो ना कई हजार लिंक परोस दिहें.

हमरा ला त सबले आसान बा कि भउजी से पूछि लऽ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up