भोजपुरी फिल्म ‘परिवार के बंधन’ क शूटिंग अप्रैल 2024 से शुरु होखी

by | Mar 9, 2024 | 0 comments


गौतम फिल्म प्रोडक्शन के नइकी परिवारिक संगीत प्रधान भोजपुरी फिल्म ‘परिवार के बंधन’केे शूटिंग अगिला महीना अप्रैल 2024 से शुरु होखे जा रहल बा. फिलिम केे पटकथा जानल-मानल लेखक अनिल विश्वकर्मा पूरा क लिहले बाड़न. निर्माता आर.बी. गौतम केे एह फिलिम में काम करे वाला कलाकारन केेे चुनल जा रहल बा. फिलिम के निर्देशन दिनेशपाल करिहें.

सगरी कलाकारन के चुन लिहला का बाद एह फिल्मी ड्रामा के शूटिंग लखनऊ, जौनपुर, आ नोएडा के आसपास के खूबसूरत लोकेशनन पर कइल जाई.

जाने जोग इहो बा कि गौतम फिल्म्स प्रोडक्शन के बनावल टेली फिल्म ‘हिन्दुस्तान की जय हो’ साधना चैनल पर प्रसारित कइल गइल रहुवेे आ ओकरा केे देखनिहार बहुतेे पसन्द कइले रहलन. एकरा बाद गौतम फिल्म्स प्रोडक्शन के दोसर फिल्म ‘शिक्षा संदेश’ केे प्रीमियर पिछला साल ‘जी बाईस्कोप’ चैनल पर कइल गइल रहुवे. एकरा मेें मुख्य कलाकार रहलेें अविनाश शाही, कल्पना शाह, अउर प्रमोद माऊथो. एकरो के दर्शक बढ़िया रिस्पांस दिहले.

‘परिवार के बंधन’ गौतम फिल्म्स केे तिसरकी फिलिम होखी. निर्माता आर.बी. गौतम बतवलन कि ई फिलिम एगो बेबस इंसाेन का जिनिगी में आइल उतार-चढ़ाव के कहानी पर बा. कहलन कि ई पूरा तरह से परिवारिक, मनोरंजक आ संगीत प्रधान भोजपुरी फिल्म होखी, जवना केे लोग बहुतेे पसन्द करी, अइसन उम्मीद बा. कहलन कि दिनेश पाल एगो सुझरल सुजान निर्देशक हउवें आ उनुका निर्देशन में ई फिलिम मनोरंजक बनी.

(स्रोत – समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up