भोजपुरी सिनेमा का परदा पर राजकुमार पाण्डे के जादु

by | May 18, 2010 | 0 comments

नायक आ नायिका के जादू के चर्चा त सिनेमा जगत में अक्सरहाँ होला बाकिर शायदे कबो कवनो निर्देशक के सफलता के ताज पहिरावल जाले जवना के सिनेमा जगत के बाकिओ लोग सही माने. एह मामिला में भोजपुरी सिनेमा के युवा निर्देशक राजकुमार आर पाण्डे के जादू सबका सिर चढ़ के बोल रहल बा.

निर्देशक का रुप में राजकुमार आर पाण्डे सफल फिल्मन के लाइन लगा के राख दिहले बाड़न. एह साल रिलीज भइल राजकुमार आर पाण्डे निर्देशित दू गो लगातार फिल्म सफलता के झंडा फहरा दिहले बाड़ी सँ. होली पर रिलीज भइल फिल्म सात सहेलियां बिहार यूपी का करीब दर्जन भर सिनेमाघरन में सफलता का साथ पचासवाँ दिवस मनवलसि आ अबहियों टिकट खिड़की पर भीड़ मौजूद बा.

दुसरकी फिल्म देवरा बड़ा सतावेला त एतिहासिक कलेक्शन बटोर रहल बिया. बिहार के पचीस गो सिनेमा घर से तीने हफ्ता में साठ लाख के बिजनेस कर के ई फिल्म कई गो सिनेमाघर में सफलता के रिकार्ड बना लिहले बिया.

वितरक आ थिएटर मालिकन का नजर में दुनु फिल्म के सफलता के श्रेय राजकुमार के सधल निर्देशन के दिहल जाई जे साथही साथ दर्शकन के पसन्द के ख्याल राखत फिल्मन में सही मसाला सही अनुपात में डलले बाड़न. साल २००८ के सबसे बड़ हिट लागल रहऽ ए राजा जी आ साल २००९ के सबसे बड़ हिट फिल्म दिवाना के निर्देशन राजकुमारे पाण्डे के रहुवे.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up