भोजपुरी मेगा स्टार आ भाजपा सांसद मनोज तिवारी अउर भोजपुरी सिनेमा के अव्वल अदाकारा रिंकू घोष के जोड़ी के भोजपुरिया दर्शक हमेशा पसंद कइले बाड़न. पहिला बेर ई जोड़ी सामने आइल रहे ‘दरोगा बाबू आई लव यू’ फिलिम में. एह फिलिम के जनरदस्त सफलता मिलल रहुवे आ कई सिनेमाघरन में ई फिलिम पचास हफ्ता से अधिका ले चलल रहुवे. मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के जोड़ी कुछ अउरिओ फिलिमन में आइल रहे जइसे कि सौगंध, गंगा जमुना सरस्वती अउर भईया हमार दयावान.
अब फेरू मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के जोड़ी नजर आवे वाली बा ‘औरत खिलौना नहीं’ फिलिम में. एकर शूूटिंग पूरा हो गइल बा आ जल्दिए रिलिज होखे वाली बा. निर्माता हउवें अविनाश रोहरा आ मोहम्मद असलम. निर्देशक हउवन असलम शेख.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)