भोजपुरी मेगा स्टार आ चर्चित गायक मनोज तिवारी के चाहे वाला करोड़ो में बाड़े, दुनिया भर में उनकर प्रशंसक भरल बाड़े आ जब उ कवनो एयरपोर्ट पर जाले त उनकर एक झलक देखे ला प्रशंसकन के भीड़ लाग जाला. मनोज तिवारी कबो अपना चाहे वालन के निराश ना करसु काहे कि उ आजु जवन बाड़े तवन प्रशंसकने के बदौलत.

पिछला दिने मनोज तिवारी जब दिल्ली गइल रहले त एयरपोर्ट के बाहर मौजूद सैकड़ो टैक्सी वाला अपना सोझा मनोज तिवारी के देख अजबे शर्त रख दिहले. आ ओह शर्त के मनोज तिवारी तुरंते मानिओ लिहले. असल में भइल इ रहे कि तबले मनोज तिवारी के कार ना आइल रहे से टैक्सी वाला कहले कि हमरा टैक्सी में चली बस शर्त अतने बा कि पहिले हमनी संगे फोटो उतरवाईं. मनोज तिवारी तुरते एह शर्त के सकार लिहले. ओह लोग का साथे फोटो खींचववले, ओह लोग से बतिया के ओह लोग के समस्यो जनलें.

बाद में कहले कि मन त रहे कि भर दिन एह लोग का साथे घुमीं बाकि काम रहुवे से वइसन ना कर सकनी. बाकि टैक्सी वालन के अपना शो में जरूर ले गइनी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: