महापंच लोग त आजु लाज-हया बचा के राख लीहल

by | Oct 17, 2023 | 0 comments

भउजी हो !

का बबुआ ?

महापंच लोग त आजु लाजहया बचा के राख लीहल.

हँ बबुआ, ना त हमरा त अनेसा रहुवे कि आजु एह लोग के अइसन फैसला आ सकेला जवना से परिवार के नींवे खोखर क दीहल जाई.

कोशिश त कइबे कइले बा लोग, बाकिर दुलहवो के भाई, कनियवो के भाई बने का फेर में बहुते कुछ कहियो के अनकहल राख लीहल लोग. भला बतावऽ कि जवना से परिवार चलहीं के नइखे, बढ़हीं के नइखे, ओकरा के बिआह कहले कइसे जा सकेला.

एगो त ई एलजीबीटीक्यू के इस्तेमाल करिके लोग आम आदमी के बतियावल आसान क दीहल बा. ना त एह मसला पर अगर बतियावे के पड़ जाव त भोजपुरी के लठधर लाठी भाँजत खोजे लगीहें हमनी के.

हँ भउजी, लेस्बियन, गे, उभयसंबंधी, लिंग परिवर्तित, अउर क्वियर लोग का बारे में बतियावे के पड़े त हिन्दी शब्द त लिखलकहल जा सकेला बाकिर ठेंठ भोजपुरी में बतियावे के पड़ जाव त सआदत हसन मंटो का तरह लोग कोर्टकचहरी ले खींच ले जाई कि भोजपुरी में अश्लीलता बढ़ावत बा ई लोग.

रउरा त कहबे करीले कि भोजपुरी अश्लील भाषा ह, आ एकरा के अश्लीले रहे दीहल ठीक रही.

बाकिर एहसे पहिले त इहो तय हो जाए के चाहीं कि अश्लील कहल केकरा के जाला. जंगल में रहत आदमी के श्लीलता से भेंटे ना भइल रहुवे एहसे ऊ लोग जानते ना रहल कि अश्लील होला का. बाद में जब कुछ लोग पतई, गाछि के छाल, चमड़ा वगैरह से आपन देह तोपेढाँपे लागल लोग तब लोग के पता चलल कि अरे हमनी का त अश्लील रहनी ह स. आम आदमी आजुओ अश्लीले होखेला. चूतिया के पतित भा च्यूत कहे के फजीहत ना उठावे. चूतड़ के नितम्ब कहऽ, छाती के स्तन, संभोग के सहवास कहल श्लील होला. जुम्मा के जुम्मा चुम्मा के वादा जबले हिन्दी में गवाई तबले ऊ फूहड़ भा अश्लील ना होखी बाकिर अगर जे कहीं भोजपुरी में केहू गा दीहल कि एगो चुम्मा दिहले जइह रजऊ त ऊ बहुते अश्लील मान लीहल जाई. जबले आदमी आम बा तबले ऊ नन्हकन के गाँड़ धोवे के बाति करी बाकिर श्लील होखते ऊ पॉटी क्लीन करे लागी.

इहे त सभ्यता आ संस्कार होला बबुआ कि बोली अइसन बोलीं जवन केहू के खराब ना लागे.

बाकिर ओइसन बोली बोलला से का फायदा जे कुछुवे लोग बुझे आ कुछ लोग बुझिये ना पावे.

बबुआ बूझे के त कई बेर राउर भोजपुरिओ ना बुझाव बहुते लोग के. आ आजु त बहुते कुछ वइसन बोललिख गइल बानी कि ढेरे लोग के एतराज हो जाई.

होखल करे एतराज, केकरा ओकरा फिकिर बा. एही से त हम सगरी सोशल मीडिया से अलोप हो गइल बानी कि कोणार्क आ खजुराहो के मंदिरन में भीतर उहे लोग आवे जे बाहर दीवाल पर बनल तरहतरह के मूर्तियन से ऊपर उठ चुकल होखे.

हँ बबुआ, बाकिर किल्ली लगा के कोठरी में का होखत बा ई सभका मालूम रहेला, एकर मतलब ई त ना कि ऊ काम बइठके में करे लागल जाव.

त भउजी, किल्ली लगावल जाव का आजु ?

भागब कि ना !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up