रविकिशन बनले रामपुर के लक्ष्मण

by | Jul 2, 2010 | 0 comments

रामपुर का वासी हूँ मैं, लक्ष्मण मेरा नाम. सीधी सादी बपली मेरी सीधा सादा काम. ई गाना आजुवो लोग का जुबान पर मौजूद बा. भोजपुरी में अब एही नाम के फिल्म बनत बा रामपुर के लक्ष्मण जवना के एन सी इन्टरप्राइजेज का बैनर में चन्दन सिंह बना रहल बाड़े आ निर्देशित करत बाड़े भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्देशक हैरी फर्नाण्डीज. नाम एक भइला के मतलब ई ना ह कि एह फिल्म के ओह फिल्म से कवनो तरह के संबंध बा.


रामपुर के लक्ष्मण के शूटिंग कुछ दिन पहिले मुंबई का साकीनाका में एस जे स्टूडियो में शुरु भइल. तेरे नाम वाला गेटअप में आइल रविकिशन रवि एकदम से पुजारी बुझात रहले. उनका साथे तीन गो नायिका रहली. पहिलका संगीता तिवारी जे ए बलम परदेसी में रवि के नायिका रहली. सुसरका रहली दिव्या द्विवेदी, जे गंगा जइसन पावन पिरितिया हमार में रवि के नायिका रह चुकल बाड़ी. तीसरकी रहली अक्षरा जेकरा अभिनय कैरियर के शुरुआते रविकिशन का साथे हो रहल बा. एगो अउरी नायिका बाड़ी एह फिल्म में गुंजन पंत.

लक्ष्मण का भूमिका में रविकिशन एह तीनो सुन्दरयन का साथे किशन कन्हैया बनल रहलन. बाकिर लक्ष्मण जु्ल्मोसितम के शिकार आदमी बा जे समय के इन्तजार में बा अपना मन में धधकत बदला के आग में अपना दुश्मनन के जरावे खातिर. फिल्म के दोसर नायक बाड़न सिकन्दर खरबंदा जे पुलिस इंसपेक्टर का किरदार में बाड़े.

रामपुर के लक्ष्मण में दस गो गाना बा जवना के संगीत गुणवंत सेन दिहले बाड़े. गीतकार हउवें प्यारेलाल यादव कवि, सचिदानंद कवच, राकेश सिंह संतोषपुरी, आ श्याम देहाती.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up