सिनेमा भोजपुरी के चर्चित निर्माता मनोज कुमार चौधरी के मिथिला टॉकिज के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान‘ पिछला शुक का दिने जब बिहार आ मुंबई के 70 गो सिनेमाघार में रिलीज भइल त शानदार ओपनिंग मिलल एकरा. एह फिलिम के बाक्स आफिस कलेक्शन बिहार के आरा, बक्सर, सासाराम, मोतिहारी समेत दर्जनो सिनेमाघर में ऐतिहासिक रहल,
एह फिलिम में पवन सिंह के दमदार अभिनय आ निर्देशक राजू के बेहतरीन निर्देशन के सगरो तारीफ होखत बा.
एह फिलिम में पवन सिंह, प्रतिभा पाण्डेय, मनोज टाईगर, मनीष चतुर्वेदी, सुबोध सेठ, गौरी शंकर, दिलीप सिन्हा आ बृजेश त्रिपाठी के प्रमुख भूमिका बा. गीतकार विनय बिहारी आ संगीतकार पवन सिंह हउवें.
(प्रशांत निशांत)