भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन नायिका रिंकू घोष पिछला दिने निर्देशक असलम शेख के फिलिम ‘औरत खिलैना नहीं’ के शूटिंग पूरा करा के राज पिपला खातिर रवाना हो गइली जहँवा उ राज कुमार पांडे के फिलिम ‘नगीना’ के शूटिंग करइहें. रिंकू घोष आ चिंटू पांडे के मुख्य भूमिका बा एह फिलिम में. एहिजा से लवटिहें त ‘औरत खिलौना नहीं’ के डबिंग करे में लगीहें. एम.आई.राजो के एगो फिलिम के शूटिंग करावे के बा रिंकू घोष के.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)