‘रिहाई’ के पहिला झलक दर्शकन में क्रेज बढ़ा दिहलसि

by | Jul 30, 2013 | 0 comments

AdityaOjhaसिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी बनल फिलिम ‘रिहाई’ के पहिला झलक का जारी भइल कि सभका जुबान पर बस “रिहाई” ए के बात रह गइल. एह पहिला झलकी में आग से निकलत नायक आदित्य ओझा आ खलनायक संजय पांडे, अकबर नकवी अउर नायिका काजल राघवानी के मदमस्त कर देबे वाला लुक सभका भावत बा.

निर्देशक अजय ओझा के कहना बा कि ‘रिहाई’ वाकई भोजपुरी सिनेमा के नया ट्रैक पर ले आई. आ एकरो के दर्शक वइसहीं पसंद करीहें जइसे उनुका फिलिम ‘सुगना’ के कइले रहलें, ‘सुगना’ बनावे वाली कंपनी ब्राउन आई इंटरटेनमेंट प्रा.लि. अब यूनीक इंटरप्राइजेज संगे मिल के आपन अगिला फिलिम बनावत बिया ‘रिहाई’ जवना में फेरु एक बेर आदित्य ओझा के जलवा देखे के मिली, एकरो निर्देशक बाड़ें अजय के. ओझा जे एकर पटकथो लिखले बाड़न. संवाद आ कहानी नन्हें पांडे के लिखल बा.

बतावल जात बा कि ‘रिहाई’ के कहानी ‘सुगना’ से बहुते अलगा बा आ पहिला बेर भोजपुरी दर्शक अइसन कहानी के रूबरू होखीहें. फिलिम के गीतकार हउवें फणिन्द्र राव आ संगीतकार गुणवंत सेन. एक्शन डायरेक्टर जीतू सिंह, कैमरा मैन फिरोज खान, नृत्य निर्देशक जे.डी.अउर ओमी.

फिलिम ‘रिहाई’ में गेस्ट अपियरेंस में नजर अइहें भोजपुरी सुपर स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ एह तरह पहिला बेर कवनो फिलिम में आदित्य ओझा आ निरहुआ एक संगे नजर अइहें. खलनायक के भूमिका में अकबर नकवी आ संजय पांडे बाड़ें. बाकी कलाकारन में संजय वर्मा, अयाज खान, प्रकाश जैस, सी.पी. भट्ट, श्रद्धा मिश्रा, गोविंद खत्री, रत्नेश, किशोर नादलस्कर, रजनिका गांगुली अउर रोशन सिंह के नाम बा. एह फिलिम के आयटम नम्बर में मोनालिसा बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up