भोजपुरी सिनेमा में हिन्दीवालन का देखादेखी फिल्मी सितारन के नाम ओह लोग का सफल फिल्मन पर रखाये लागल बा. हिन्दी सिनेमा में सलमान के दबंग खान त शाहरुख के किंग खान कहल जाला. भोजपुरी सिनेमा में मनोज तिवारी के नाम भोजपुरिया डॉन पड़ गइल त राजीव दिनकर के नाम लाट साहब. त लाट साहब राजीव दिनकर, जे पहिले सितारन के नचावत रहलें आ अब खुदे नाचे लागल बाड़न, एह घरी के॰डी॰ के फिल्म “प्राण जाई पर वचन ना जाई” में आ एम॰आई॰राज निर्देशित फिल्म “केहु हमसे जीत ना पाई” में रविकिशन का साथ नायक का भूमिका में नजर आवेवाला बाड़न. “प्राण जाई पर वचन ना जाई” में नायक बनल राजीव दिनकर आपन जान दे देत बाड़न बाकिर वचन बाँव नइखन जाये देत. एह फिल्म का शूटिंग का दौरान राजीव दिनकर, जे अपना के खालिस भोजपुरिया कहेलें, जम के बनारसी लस्सी आ कचौड़ी जिलेबी पर हाथ साफ कइलन. फिल्म के निर्दशक के॰डी॰ के प्रशंसा करत राजीव के कहना बा कि ऊ बार बार केडी का साथे काम कइल चहीहें.
निर्माता महिपाल दास के एह फिल्म के एगो स्टंट सीन करत राजीव दिनकर लहुलुहान हो गइलें. सीन में दिनकर के उघार पीठ पर दर्जन भर ट्यूबलाइट फोड़ल गइल जवना में ऊ घवाहिल हो गइले बाकिर सीन के शूटिंग बढ़िया से कराईये के हटलें.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: