भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी लोगन से गोहार लगवले बाड़ें कि सभे ’वीर मराठा’ टीम के अगवानी करे खातिर 24 फरवरी के कम से कम एगो फूल लेके जरूर आवसु. ‘वीर मराठा’ 24 फरवरी के सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग के रांची में होखे वाला मैच ‘भोजपुरी दबंग’ टीम संगे खेली. मनोज तिवारी कहलन कि एह बाबत ऊ बिहार के औरंगाबाद, पटना आ छपरा में एकर बइठक कइले बाड़े. कहलन कि कोच्चि में ‘केरल स्ट्राईकर्स’ के खिलाफ मैच के दौरान सत्तर हजार लोग ’भोजपुरी दबंग’ के स्वागत कइल आ अब हमनिओ के ओही उत्साह से ‘वीर मराठा’ के अभिवादन करे के बा.
मनोज तिवारी के उम्मीद बा कि समृद्ध भोजपुरी कला, संस्कृति आ मीठ बोली के लोकप्रिय बनावे में सीसीएल कारगर साबित हो सकेला. इहे सोच के क्रिकेट के भोजपुरी के लोकप्रिय बनावे के माध्यम के रूप में चुनलें काहे कि एह खेल के लाखो लोग देखेला,
(शशिकांत सिंह)
0 Comments