सिनेमा भोजपुरी में एह घरी दू गो नायकन के जोड़ी के बहुते चरचा होखत बा. ई जोड़ी हवे शुभम तिवारी आ विराज भट्ट के जवन दू गो फिलिमन में देखे के मिली. पहिला होखी ‘अंतिम ताडंव’ जवन एही महीना रिलीज होखी आ दोसरकी होखी ‘लड़ब मरते दम तक’ जवना के अस्सी फीसदी शूटिंग पूरा हो चुकल बा.
अंतिम तांडव में शुभम एगो मुस्लिम युवक आ विराज शिक्षक के भुमिका में बाड़ें. ‘लड़ब मरते दम तक’ में दुनु जने इंस्पेक्टर बनल बाड़ें. अंतिम तांडव में शुभम के नायिका अनारा गुप्ता आ ‘लड़ब मरते दम तक’ में सीमा सिंह बाड़ी,
बकौल शुभम तिवारी विराज का संगे काम कर के उनुका बहुत मजा आइल आ उमेद जतवलें कि देखेवालनो के ई फिलिम पसंद अइहें सँ. ट्रेड पंडित एह जोड़ी के तुलना अमिताभ-विनोद खन्ना आ सुनिल शेट्टी-अक्षय कुमार जइसन जोड़ी से करत बाड़ें.
(प्रशांत निशांत)
0 Comments