मशहूर अदाकारा आ हालही में कलर टीवी चैनल के बिगबास सीजन फोर के विजेता बनल श्वेता तिवारी के अपना पूर्व पति राजा चौधरी से झगड़ा हो गइल. राजा श्वेता का घर में घुस के उनका के बहुते बुरा भला कहलें आ मारोपीट कर दिहले. दुनु का बीच बेटी के गार्जियन बने के झगड़ा बा. बेटी अबही श्वेता का साथ बिया आ राजा ओकरा के अपना साथ राखे के चाहत बाड़न.

मारपीट आ झगड़ा का बाद श्वेता तिवारी पुलिस मे जा के शिकायत कर दिहली आ पुलिस राजा चौधरी के, जे कई गो भोजपुरी फिल्मन में अभिनय कर चुकल बाड़े, लोखण्डवाला से गिरफ्तार कर के कोर्ट में पेश कर दिहलसि जहाँ बीस हजार के मुचलका पर उनका के ओहि दिने जमानत दे दिहल गइल.

Loading

By Editor

%d bloggers like this: