संघमित्रा में मुख्य किरदार निभइहें दिशा पटानी

by | Jun 28, 2018 | 0 comments


मुंबई 28 जून (वार्ता) बॉलीवुड अभिनेत्री दिशा पटानी सिल्वर स्क्रीन पर संघमित्रा के किरदार निभावत नजर आ सकेली.
दिशा पटानी के दक्खिन के मेगा बजट तेलुगु फिलिम संघमित्रा खातिर साइन कइल गइल बा. एह फिलिम से दिशा दक्खिन भारतीय फिलिमन में आपन डेब्यू करे जात बाड़ी. ई फिलिम पहिले जुलाई में फ्लोर पर जाए वाली रहल बाकिर अब एकर शूटिंग के तारीख एक महीना आगा बढ़ा दीहल गइल बा. दिशा पटानी एह फिलिम में संघमित्रा के किरदार निभावे जात बाड़ी. सुन्दर सी के निर्देशन में बने वाली एह फिलिम के कहानी योद्धा राजकुमारी के बावे. है। तेलुगु में बने वाली यह फिलिम के बजट 350 करोड़ के बनावल गइल बा.
दिशा त एकरा का पहिलही साइल कर चुकल रही बाकिर फिलिम निर्माण लेके उहापोह रहुवे. बतावल जात बा कि एह फिलिम के एस एस राजमौली के बाहुबली का तर्ज़ पर बनावल जाई. एकरो के दू हिस्सा में रिलीज कइल जाई. आठवीं सदी के एह महिला योद्धा का कहानी में साऊथ स्टार जायम रवि अउर आर्यनो के अहम भूमिका हाखी.
फिलिम तेलुगु का साथ ही तमिल आ हिंदीओ में रिलीज़ करे के प्लान बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up