GangaKeDanga
राज इंटरनेशनल फिल्म्स के बैनर तर बने जात भोजपुरी फ़िलिम “गंगा के दंगा” के शूटिंग फरवरी में शुरु होखी.

एह फिलिम में दंगाइय संगे मिल के दंगा करत गंगा के देखावल गइल बा. निर्देशक के कहना बा कि फिलिम सामाजिक होखी आ बिना कवनो गंदगी के.

एहमें कुल ८ गो गाने बा.

निर्माता गौतम सिंह, लेखक निर्देशक अभिषेक चड्डा,गीतकार प्यारेलाल यादव आ फणीन्द्र, संगीतकार धनंजय मिश्रा, सवांद लेखक ओ पी सिंह, एक्शन मास्टर दिलीप यादव, नृत्यगुरु पप्पू खन्ना, छायाकार हीरा सरोज, कला निदेशक नजीर शेख़, अउर निर्माण व्यवस्थापक मुन्ना सिंह.

एह फिलिम में अभिनेता सत्येन्द्र सिंह के संगे पहिला बेर पूजा कुशवाहा बड़का परदा पर नजर अइहे. साथे रहीहें शिखा मिश्रा, दशरथ, तारा शर्मा, सोनू सिंह, नाजिम पॉके, अउर गिरीश शर्मा.


(संजयभूषण पटियाला)
(२४ दिसंबर १३)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d