सनोज मिश्रा के फिल्म द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल क ट्रेलर

by | Feb 1, 2024 | 0 comments

सनोज मिश्रा निर्देशित फिल्म द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल के ट्रेलर पिछला 30 जनवरी को रिलीज़ हो गइल बा. जल्दिए एकरा के सिनेमोहालन में रिलीज कइल जाई.

ई फिलिम पश्चिम बंगाल में हिंदूवन के हालात आ ओह लोग पर भइल अत्याचारन पर बनावल गइल बा. एह फिलिम के कई एक दृश्य अतना वीभत्स आ भयावह बा कि देखेवालन के खुन खौल सकेला.

द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल में बंगलादेश आ म्यांमार से आइल घुसपैठियन के कइल अपराध, ओहनी के दीहल जात राजनीतिक संरक्षण, आ ओकरा सहारे राजनीतिक खेला करे के दृष्टांतो बावे.

फिल्म में कहानी के प्लॉट त बढ़िया आ रेघरियावे जोग बा बाकिर ट्रेलर कुछ जगहन पर तकनीकी रूप से कमजोर लागत बा. बैकग्राउंड स्कोर ठीकठाक बा आ फिल्मोग्राफिओ कुछ हद ले एकरा के बरियार करत बा.

वसीम रिजवी फिल्म्स के बैनर तर बनल एह फिल्म – द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल – के निर्माता वसीम रिजवी उर्फ़ जितेंद्र नारायण सिंह, आ लेखक-निर्देशक सनोज मिश्र हउवन. फिल्म के कलाकारन में अर्शिन मेहता, यजुर मारवाह, दीपक कंबोज, अल्फिया शेख, गरिमा कपूर, रीना भट्टाचार्य, गौरी शंकर, देव फौजदार, अनिल अंजुनिल, संजू सोलंकी, डा रामेंद्र चक्रवर्ती, दीपक सूठा, जितेंद्र नारायण सिंह, जनार्दन सिंह मयूर, अनुज दीक्षित, नीत महल जइसन मजल कलाकार शामिल बाड़ें.

फिल्म के सह निर्माता क्षत्रपाल सूर्यवंशी, संजय कुमार, आ अर्जुन सिंह, छायाकार सत्यपाल सिंह, संपादक रंजीत प्रसाद, अउर संगीतकार ए आर दत्ता हउवें.

(स्रोत – हंगामा मीडिया के संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up