सपेरा शब्द सुनते दिमाग में एगो सीन घूमे लागेला. पिछुआ बान्हल धोती, हाफ बंडी, एक हाथ में लाठी, बीन आ एक हाथ में पिटारा. कुछ अइसने
भेष भूषा होला सपेरन के. देखते लोग के उत्सुकता बढ़ जाले आ लोग इंतजार करे लागेला कि कब पिटारा खुले आ बीन के धुन पर सांप नाचे.
हिन्दी सिनेमा से लगइले अनेके भाषा के फिलिमन में सपेरन पर फिलिम बन चुकल बा. अब एगो नया अंदाज में सुपर सिनेमा फिल्मस लेके आवत बा भोजपुरी फिलिम ‘सपेरा’. विरार के ब्रजेश्वरी के खूबसूरत आ दर्शनीय जगहन पर एकर शूटिंग होखत बा. निर्माता राजेश पटेल आ निर्देशक रमा शंकर हउवें. गीत प्यारे लाल यादव ‘कवि’ आ संजीत कुमार निर्मल के रचल ह आ संगीत अमन श्लोक के. हीरो हीरोइन के नचवले बाड़न मयंक अशोक आ कानू मुखर्जी.
मुख्य कलाकार में प्रिन्स राजपूत, रीतिका शर्मा, पालक तिवारी, मनमौजी, बृजेश त्रिपाठी, सुनीता सिंह, वैभव राय, सीमा सिंह, भूपेंद्र सिंह आ मास्टर कृष्णा पटेल बाड़न.
(रामचंद्र यादव)