अभिनेत्री मोहिनी घोष सुदीप पाण्डेय के प्यार में पड़ गइली. बाकिर रियल में ना रील मे.
कृष्णा आनंद फिल्म्स के बैनर में बनत फिलिम ‘प्यार में’ इ प्यार देखावल गइल बा. फिलिम के शूटिंग २९ जनवरी से बिहार के सीतामढ़ी में शुरू हो गइल बा. एहमें मोहिनी घोष कुछ अलगे अंदाज में सुदीप के प्यार मे पड़ल देखावल जइहें जवन दर्शकन के जरूरे नीक लागी.
‘प्यार में’ के निर्देशक संजीव मंडल बतावत बाड़न कि फिलिम आजु के नवहियन के कहानी ह. मुख्य कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, मोहिनी घोष, ऋतू पाण्डेय प्रिया शर्मा, विद्या गांधी, राकेश पटेल, , सोनिया मिश्रा, मिराज खान, देवव्रत सिंह, भाई ठाकुर, समीर शेख,विपिन सिंह वगैरह बाड़े.
कैमरा मैंन डीके शर्मा, नृत्य निर्देशक अशोक मयंक, संगीतकार इक़बाल सरगम, गीतकार विद्या गांधी आ हरेराम हंसमुखी, लेखक आ निर्माता विद्या गांधी. विद्या गाँधी एहसे पहिले भोजपुरी फिलिम ‘चरवाहा बाबू’ बनवले रहले. सह-निर्माता बाड़े मंजू गांधी आ कृष्णा केसरी, कार्यकारी निर्माता मेराज खान अउर रवि प्रभाकर ‘कन्हैया’.
निर्देशक संजीव मंडल अपना एह फिलिम से बहुते उत्त्साहित बाड़न.
(संजयभूषण पटियाला)