Smriti-Pawan
भोजपुरी के हिट अदाकारा स्मृति सिन्हा सुपरस्टार पवन सिंह का साथे लमहर अरसा बाद नजर आवेवाली बाड़ी. ई जोड़ी फिलिम ‘सजना पे दिल आ गया’ में लउकी. दुनू का बीच फिलिम में प्यार वाला कोण बा.

स्मृति के रोल बहुते दमदार बा. स्मृति आ पवन के जोड़ी एहसे पहिले ‘प्यार बिना चैन कहाँ रे’ में नजर आइल रहुवे आ देखे वाला एह जोड़ी के खूब पसंद कइले रहलें आ फिलिम हिटो भइल रहे.

एह साल अबहीं ले स्मृति के दू गो फिलिम ‘प्रतिज्ञा-2’ आ ‘कच्चे धागे’ बॉक्स ऑफिस पर सफल भइल बाड़ी सँ आ दू गो फिलिम ‘खून भरी मांग’ आ ‘दूध का कर्ज’ रिलीज ला तइयार बा.


(प्रशांत-निशांत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d