हिंदीओ में 'देस-परदेस' बनाईं धरम जी

by | Sep 2, 2013 | 0 comments

testनिर्देशक विमल कुमार के पहिला भोजपुरी फिलिम ‘देस-परदेस’ बनके तइयार बा. नायसा क्रियेशन के बैनर में निर्माता अशोक पाण्डेय के एह मेगा बजट फिलिम से धरम पा जीओ भोजपुरी फिलिमन में आपन शुरुआत करत बाड़ें. धरम पा जी का संगे रति अग्निहोत्री, कादर खान आ गुरबचन जइसन अनेके हिंदी कलाकारो एह फिलिम में काम कइले बाड़ें, फिलिम के पेश करे के अंदाज से ई कलाकार अतना खुश बाड़ें कि ई लोग अब धरम जी से एकरा के हिंदीओ में बनावे के कहत बा.

सैकड़ों फिलिमन में विलेन के किरदार कर चुकल गुरबचन एकरा मेकिंग से खासा प्रभावित बाड़ें. उनकर कहना बा कि पारिवारिक मूल्यन के संवेदनशीलता आ गंभीरता के भोजपुरी फ़िलिम बहुते संजीदगी से सामने ले आवेले. ‘देस-परदेस’ एही परंपरा के अउरियो ऊँचाई पर ले जाई. आज हिंदीओ दर्शकन के अइसन गंभीर फिलिमन के जरूरत बा.

निर्देशक विमल कुमार एह फिलिम में जिनिगी के चकाचौंध में राह भुलाइल एगो अइसन आदमी के कहानी पेश कइले बाड़न जवना के महत्वाकांक्षा ओकरा के अपना परिवार से फरका कर देत बा. बाकिर आखिरकार ओकरा अपना जड़ का ओर लवंटे के पड़ते बा. धर्मेन्द्र आ रति अग्निहोत्री के अलावा एह फिलिम में पवन सिंह आ मोनालिसो मुख्य भूमिका में नज़र अइहें. एकरी अलावे एहमें दीपक दूबे, प्रतिभा पाण्डेय, मनोज द्विवेदी, संजय पाण्डेय, अनिल यादव, नीलिमा सिंह, आनंद मोहन, संजय वर्मा, आ दिलीप सिंह वगैरह कलाकारो मौजूद बाड़ें.

फिलिम करीब करीब पूरा हो चुकल बावे आ बतावल जात बा कि अगिला ११ अक्टूबर के एकरा के रिलीज कर दिहल जाई.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up