हॉट अदाकारा रिंकू घोष के ‘रखवाला’

by | Feb 15, 2013 | 0 comments

rakhwala-posterसिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष अभिनीत फिलिम ‘रखवाला’ के प्रदर्शन एह शुक से मुंबई समेत पूरा देश में कइल जात बा. एह फिलिम में रिंकू के हॉट अवतार भोजपुरी के सगरी नायिकन के पसीना छोड़ा दिहले बा. एह में नायक निरहुआ संगे रिंकू के लव एंगल बा.

निर्माता इश्तियाक शेख ‘बंटी’ आ रितु शर्मा, निर्देशक असलम शेख, मुख्य कलाकार निरहुआ, रिंकू, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, बृजेश त्रिपाठी, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, उल्हास, एन.आर. शेट्टी, सोनिया मिश्रा, मनोज भावुक आ सीमा सिंह.


(शशिकांत सिंह के रपट)

असलम शेख निर्देशित निरहुआ स्टारर फिलिम रखवाला रिलीज भइल

आजु शुक १५ फरवरी का दिने असलम शेख निर्देशित निरहुआ स्टारर फिलिम रखवाला बिहार के वीणा पटना, मोहन आरा, किरण गया, दीपम घोड़ासहन, संगीत मोतिहारी, शंकर सीतामढ़ी, रूपमहल चकिया, अजंता बिहारशरीफ, दुर्गा बक्सर, न्यू दुर्गा सुगौली, दरबार सिवान, लक्ष्मी२ हजारीबाग, श्रीमाँ अरेराज, मिनीगुप्ता औरंगाबाद, ध्रुव बगहा, चन्द्र बैरगनिया, उमा दरभंगा, त्रिमूर्ति डेहरी, साहू सासाराम, मिथिला मधुबनी, श्यामा शिवहर, चंद्र जनदाहा, जानकी केसरिया, शिवम महनार आ सोना रक्सौल में रिलीज भइल.

समय पर जानकारी ना मिल पवला का चलते अंजोरिया के फिल्म प्रतिनिधि छपरा से वापस लवटि अइलन. वितरकन के चाहीं कि कवना कवना थिएटर में फिलिम रिलीज होखी एकर जानकारी हमनी के समय पर दे देसु. अब हमनी का एह बात पर नजर राखब जा कि फिलिम के कइसन स्वागत भइल बा. कवना कवना सिनेमाघर से पहिलके हफ्ता फिलिम उतरल इहो मालूम हो जाई आ कवना कवना जगहा १०० दिन, सिल्वर जुबिली वगैरह मनवलसि इहो पता चल जाई.


(समाचारपत्र में प्रकाशित विज्ञापन से मिलल जानकारी)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up