होली प ‘देवरा भईल दिवाना‘

by | Mar 8, 2014 | 0 comments

DevraBhayelDeewanaभोजपुरी फिलिमन के सुपरहिट निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय के अगिला पेशकश ‘देवरा भईल दीवाना‘ अबकी होली का शुभ अवसर पर सगरी बिहार-झारखंड आ मुम्बई टेरिटरियन में रिलीज होखी.

साईदीप फिल्म्स के बैनर में बमल एह फिलिम में नवहियन के दिल के धड़कन बनल प्रदीप पाण्डेय ‘चिंटू‘ देवर के माथ भूमिका में बाड़ें. भउजाई बनल बाड़ी मजगर भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े. साथ में मेगास्टार मनोज तिवारी ‘मृदुल‘, काजल राघवानी, संजय पाण्डेय, ब्रजेश त्रिपाठी, आलोक यादव, के॰ के॰ गोस्वामी, मंटुलाल, सी॰पी॰ भट्ट, रितु पाण्डेय, वंदिनी मिश्रा आ अवधेश मिश्रा के प्रमुख भूमिका बा. हॉट गर्ल कहात मोनालिसा पर “मोतिहारी जिला खड़े-खड़े गाड़ देला किला……” गाना फिलिमावल गइल बा जवना के बोल अबहिए से लोग का जबान प चढ़ गइल बा. एह फिलिम में डांसिंग क्वीन सीमो सिंह बाड़ी.

निर्माता, निर्देशक, आ संगीतकार तीनो खुद राजकुमार आर॰ पाण्डेय बाड़ें. गीतकार बाड़ें विनय बिहारी, छायाकार फिरोज खान, नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना, रिक्की गुप्ता अउर कानू मुखर्जी, आ संवाद लेखक संतोष मिश्रा हउवें.

राजकुमार पाण्डेय के कहना बा कि ‘देवरा भईल दीवाना‘ देखेवालन के बहुते नीक लागी.


(प्रशांत निशांत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up