१४ जून से दिलदार सांवरिया

by | Jun 13, 2013 | 0 comments

DildaarSanwariaसिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी आ दूइए साल में २८ गो फिलिम में काम करे के अलबेला रिकार्ड बनावे वाली अभिनेत्री अंजना सिंह नया आइल अभिनेता यश कुमार संगे “दिलदार सांवरिया” के नायिका बनल बाड़ी. फिलिम बिहार आ झारखण्ड में १४ जून के रिलीज होखत बा.

बलिया निवासी यश कुमार के ई पहिला फिलिम ह. तन्वी मल्टीमीडिया के बैनर तले एकरा के दीपक शाह बनवले आ विशाल वर्मा निर्देशित कइलें. लेखक एस॰ के॰ चौहान, एक्शन मास्टर वेंकट, कैमरामेन सी॰ जगन. दिलदार सावरिया के बाकी खास कलाकारन में संजय पाण्डेय, आलोक यादव, सोम भूषण , मानवेन्द्र त्रिपाठी, जफर खान, नीलिमा सिंह, सोनिया मिश्रा, रितु सिंह, धर्मेन्द्र, उमाकांत , जैकी आ संजय वर्मा के नाम बा. आयटम डांसर बाड़ी शिल्पी शुक्ला आ मल्लिका शाह.

अपना पहिलका फिलिम ला यश कुमार जम के मेहनत कइले बाड़न आ रिलीज से पहिले स्टार अंजना सिंह संगे बिहार के शहर शहर जा के एह फिलिम के प्रोमोशन कइले बाड़न. यश के तारीफ करत अंजना सिंह कहतारी कि देख के लागते नइखे कि ई यश के पहिलका फिलिम ह.

यश के कहना बा कि परदा पर आवे से पहिले ऊ अभिनय आ नृत्य के बाकायदा प्रशिक्षण लिहलें आ तबे अभिनय करे अइलें. यश का अदाकारी से प्रभावित हो के निर्माता दीपक शाह उनका के दू गो अउरी फिलिमन ला अनुबंधित कर लिहलें. आई लव यू के शूटिंग करीब करीब पूरा होखे पर बा. एकर निर्देशक बाड़ें विनय बिहारी. यश के तिसरका फिलिम के निर्देशक बाड़ें फरोग अहमद सिद्दीकी.


उदय भगत

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up