Vidroh-muhurtजे के फिल्म्स क्रिएशन आ एस जी आर एंटरटेनमेंट के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘विद्रोह’ के शुभ मुहूर्त मुजफ्फरपुर में विधायक अशोक चौधरी दिया जरा के कइलन.
एह मौका प विधायकजी भोजपुरी फिल्मन में पसरत फूहड़पन पर अफसोस जतावत जे के फिल्म्स क्रिएशन आ एस जी आर एंटरटेनमेंट के टीम के एगो स्वस्थ आ पारिवारिक फिल्म बनावे के पहल कइला खातिर बधाई दिहलन.
फिल्म ‘विद्रोह’ एगो आम आदमी के कहानी बा जे समाज के मौजूदा हालात से परेशान बा अउरी व्यवस्था के खिलाफ विद्रोह कर देता. फिल्म में एक्शन पर जोर दिहल गइल बा आ साथ ही साथ रोमांस आ कॉमेडीओ के मौजूदगी बाटे.
फिल्म के शूटिंग मुजफ्फरपुर, छपरा, मोतिहारी अउरी राजगीर के मनोरम लोकेशन पर होई.
एह मौका पर भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री से जुड़ल एक्टर प्रियरंजन, कल्पना शाह, राहुल राज, पूजा, कंचन, सतीश सहनी, देवेन्द्र कुमार, रेणु जी, रमेश सिंह बुलेट, प्रेम कश्यप, पप्पू कुशवाहा, इसराइल मंसूरी, विनोद गुप्ता, विकाश भार्गव, संजय उपाध्याय, दुर्गेश राज मौजूद रहले.
फिलिम के मुख्य कलाकार बाड़ें विराज भट्ट, कल्पना शाह, राहुल राज, आ समीर खान. बाकी कलाकारन के चुनल जात बा.
निर्माता-निर्देशक जय कमलाकर, सह निर्माता राहुल राज, सह निर्देशक अर्जुन कश्यप, प्रेम कश्यप, आ अनिरुद्ध सिंह, कथा-पटकथा लेखक प्रेम कश्यप, गीतकार आ संगीतकार रमेश सिंह, अउर सिनेमेटोग्राफर विजय कुमार हउवें.


(कुन्दन कुमार)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d