30 जून के रिलिज होखे जा रहल भोजपुरी फिलिम ”दोस्ती और प्यार” के पोस्टर आ ट्रेलर लांच

by | Jun 26, 2023 | 0 comments

सामाजिक भोजपुरी फिलिम ”दोस्ती और प्यार” 30 जून के रिलीज होखे जा रहल बा. एही दिने ई धनबाद के प्रभातम मॉल स्थित पीवीआर आइनॉक्सो में रिलीज़ होखी.

भोजपुरी फ़िल्म इंडस्ट्री ला ई बेहद शुभ संकेत बावे काहें कि लमहर अरसा बाद कवनो भोजपुरी फ़िलिम कवनो मल्टीप्लेक्स में प्रदर्शित होखे जा रहल बा. ना त अबहीं ले सिंगिले स्क्रीन थियेटर नसीब होखत रहुवे.

हालही में 20 जून 2023 कै झारखण्ड के धनबाद में ”दोस्ती और प्यार” फिलिम के पोस्टर आ ट्रेलर के लॉन्चिंग एगो बजडहन समारोह क के कइल गइल. एह मौका पर सांसद, विधायक, आ सगरी गोलन के राजनेतन का साथही फिलिम से जुड़ल तमाम कलाकार आ तकनिशियनो मौजूद रहले.

धनबाद के शक्ति मंदिर प्रांगण में भइल एह समारोह के मुख्य अतिथि धनबाद के सांसद पशुपति नाथ सिंह, धनबाद के विधायक राज सिन्हा, कांग्रेस नेता रणविजय सिंह, भाजपा नेत्री रागिनी सिंह, भाजपा नेता रमेश पांडेय, समाजसेवी उदय प्रताप सिंह, विशिष्ट अतिथि शक्ति मंदिर समिति के अध्यक्ष एस पी सोंधी, अउर सचिव आर्यन भंडारी मौजूद रहलें.

मौक़ा पर उपस्थित हर आदमी एह फिलिम के ट्रेलर आ पोस्टर के सराहना करत कहल कि फिलिम बड़हन पैमाना पर सफल साबित होखी. एह फिलिम में इमोशन का साथही एक्शनो भरपूर देखे के मिली. एकरा में एक्शन के प्यार दोस्ती अउर इमोशन में बान्ह के रखाइल बा.

एह कार्यक्रम में फिलिम दोस्ती और प्यार के मुख्य अभिनेता भोजपुरी गायक राजू सिंह अनुरागी, मोंटी बाबा, इश्तियाक अहमद, सुरेंद्र ठाकुर, पंकज मोदी, पंकज सांवरिया, मनोज राउत, मनोज सेन, गौरव अरोड़ा, एन कृष्णा, प्रवीर किशन, पिन्टू शर्मा, मनोज सिंह, राजा दास अउऱ धनबाद के कई बड़ हस्ती उपस्थित रहलें. एही दौरान एलान क दीहल गइल कि फिलिम 30 जून के थियेटरन में रिलीज़ क दीहल जाई.

गोल्डेन सनराइज प्रोडक्शन का बैनर तर एह फिलिम – दोस्ती और प्यार – के निर्माता हउवें रणविजय सिंह, निर्देशन आ सिनेमेटोग्राफी त्रिलोकी चौधरी कइले बाड़न. गीत बब्लू सिंह आ क्रांति सिंह के लिखल हवे जवना के संगीतबद्ध कइले बाड़ें ओम प्रकाश अउर चंदन पोद्दार. कहानी लेखक क्रांति सिंह हउवें. मारधाड़ गुरु रहलें श्रवण कुमार. नृत्य निर्देशन कइले बाड़न प्रीतम अधिकारी आ मनोज वरुण. संकलन राम यादव अउर विजय पॉल के बा जबकि फिलिम के कलापक्ष विजय गुप्ता सम्हरले बाड़ें.

फिलिम दोस्ती और प्यार के पोस्ट प्रोडक्शन के काम रुचि फ़िल्म अउऱ अर्थ एम्पायर स्टूडियो में भइल. प्रोडक्शन के देखभाल कपील कइलन त डिजाइनर रहलन प्रशांत.

प्रचार प्रसार के जिम्मा मशहूर पीआरओ संजय भूषण पटियाला के दीहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up