B4U के जोगीरा सा रा रा रा के मिलल सबले अधिका टीआरपी

by | Mar 29, 2020 | 0 comments

यशी फिल्‍म्‍स के बनावल टीवी के ई होली पार्टी सबले शानदार रहल. सुपर स्‍टार मीका के मौजूदगी का बादो बिग गंगा के होली पार्टी रह गइल फीका.

हर साल का तरह एहु साल यशी फिल्‍म्‍स होली के सबसे बड़हन पार्टी जोगीरा सा रा रा रा के आयोजन खूब धूमधाम से कइलसि. एकरा के टीवी चैनल बी4यू भोजपुरी पर कइल गइल. दर्शक एकरा के अतना पसन्द कइलें कि ई 453 रेटिंग का साथे टीआरपी चार्ट का माथ पर बइठ गइल.

यशी फिल्‍म्‍स के एह होली पार्टी में दिनेशलाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, खेसारीलाल यादव, प्रदीप पांडेय चिंटू अउर रितेश पांडेय वगैरह कलाकार जमके धमाल मचवलें एह खाँटी भोजपुरिया कार्यक्रम के दर्शक सहजे लकार लिहलें. टीवी चैनल बिग गंगा अबकी अपना होली पार्टी में बॉलीवुड के मशहूर सिंगर मीका के बोलवले रहुवे बाकिर मीका के जादू फीका रहु गइल. जबकि उनुका साथे एह पार्टी में कई गो भोजपुरी अदाकारा शामिल रहली. बिग गंगा के महज 421 रेटिंग प्‍वाइंट मिलल जबकि टीवी चैनल ढिसूम के महज 105 रेटिंग.

एह बारे में यशी फिल्‍म्‍स के मालिक अभय सिन्‍हा कहलन कि यशी फिल्म्स हमेशा वइसने कार्यक्रम बनावेले जवन दर्शकन के मनरंजन कइला का साथो ओह लोग के अपना सोरो से जोड़े. एहीसे यशी फिल्‍म्‍स हमेशा दर्शकन के भावेला. कहलन कि हम भरोसा देत बानी कि आगहूँ अइसने नायाब कार्यक्रम ले आवत रहब.

यशी फिल्म्स, अभय सिन्हा, होली पार्टी, टीवी चैनल, बी4यू भोजपुरी,

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up