भोजपुरी सिनेमा के बढ़त कदम का साथ ताल में ताल मिलावत भोजपुरी सिनेमा पत्रकारितो नया नया मुकाम हासिल कर रहल बा. एही कड़ी में सिने भोजपुरिया के नाम से एगो फिल्मी पत्रिका शुरु भइल बा.
इहो पत्रिका दू साल पहिले से प्रकाशित हो रहल भोजपुरी सिटी नाम के पत्रिका का तरह हिन्दी में बा काहे कि प्रकाशक आ संपादक का राय में भोजपुरी सिनेमा में खाली भोजपुरिये लोग के रुचि नइखे. सिने भोजपुरिया के पहिलका अंक प्रकाशित हो चुकल बा आ देशभर के थियेटर, निर्देशक, आ निर्माता लोग के भेजल गइल बा. पत्रिका का संबंध में जानकारी करे खातिर पत्रिका के संपादक उदयवीर सेनापति से संपर्क कइल जा सकेला. उनकर इमेल पता हऽ udaisenapati@yahoo.co.in
पत्रिका के एगो मकसद इहो बा कि नवोदित कलाकारन आ फिल्म लेखक आ गीतकारन के फिल्म नगरी से जोड़े खातिर पुल का तरह काम करो.
301 total views, 2 views today