भोजपुरी के सबले महँग फिल्म मुन्ना बजरंगी में अपना रोमांटिक अंदाज़ आ जबरदस्त एक्शन का चलते चर्चा में आइल विक्रांत सिंह आज भोजपुरी फिल्म जगत के बड़का बैनरन का नज़र में बाड़े आ बड़हन बड़हन निर्माता उनुका से अपना अगिला फिल्म खातिर अनुबंध कर रहल बाड़े. एक ओर जहां विक्रांत देशद्रोही फेम निर्देशक जगदीश शर्मा का फिल्म कुरुक्षेत्र में काम करत बाड़न ओहिजे पायल में ऊ भोजपुरी के सुपर स्टार अदाकारा रानी चटर्जी का साथ रोमांस करत नज़र आ रहल बाड़न. एही  महीना ऊ एगो बड़ बैनर के फिल्म अखाड़ा का शूटिंग खातिर बड़ोदा जा रहल बाड़न.
निर्देशक जगदीश शर्मा का मुताबिक विक्रांत में जबरदस्त अभिनय क्षमता बा जे भोजपुरी का कमे कलाकारन में नज़र आवेला. कुरुक्षेत्र  के नृत्य निर्देशक रिक्कीओ गुप्ता विक्रांत के तारीफ़ करत कहलें कि विक्रांत के नचावल बहुते आसान बा. विक्रांत खुदहू मानेलें कि आज भोजपुरिये ना हिन्दीओ फिलिमन के कुछ बड़ नाम उनका से संपर्क कइले बाड़न. अबहीं बातेचीत चल रहल बा एहसे ओह लोग के नाम बतावल ठीख ना रही. अगिला महीना ओहू बैनरन के नाम सबका सोझा होखी.
(स्रोत : उदय भगत)

Loading

2 thoughts on “विक्रांत : बड़का बैनरन का नज़र में”

Comments are closed.

%d bloggers like this: