NehaShree-Mahasati
इंतज़ार के घड़ी खतम करत मेगा धारावाहिक “महासती मैना सुन्दरी” के प्रोमो देखावल शुरू हो गइल बा.

राजस्थानी सिनेस्टार अभिनेत्री नेहा श्री अभिनीत आ जैन संस्कृति पर आधारित पहिला मेगा धारावाहिक “महासती मैना सुन्दरी” के प्रोमो पारस टी वी चैनल पर शुरू हो गइल बा.

आर एस पिक्चर्स प्रोडक्शन के प्रस्तुति आ लेखक-निर्देशक लखविंदर सिंह के ई मेगा धारावाहिक जल्दिए “पारस टी वी चैनल” प देखावल शुरु हो जाई.

निर्माता राकेश जैन, कथा पटकथा लखविंदर सिंह, संवाद शिवराज गूजर आ धर्मेन्द्र उपाध्याय, सिनेमैटोग्राफर उत्पल पी. दास, नृत्य निर्देशक नटराज, मारधाड़ निर्देशक फिरोज खान, आ संपादक मनी हउवें.


(रामचंद्र यादव)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: