अभागा

by | Apr 13, 2012 | 0 comments

– इं॰ राजेश्वर सिंह

जब केहू के कवनो मसला समझ में ना आवेला त अपने से अधिक ज्ञानी मनई से शंका समाधान करे चलि जाला अउर समस्या के बारे में पूछि-ताछि के जानकारी कइ लेला. लक्ष्मण जइसन मनइ के अभागा लोगन के पहिचान कइले में शंका भइल त ऊ बड़े भाई राम से पूछि पड़लन कि अभागा कइसन लोगन के समुझे के चाही. राम समुझावे खातिर कहलन कि – ’’कुटिल, कठोर, कुबुद्धि अभागा.’’ माने कि जवने मनई बिना बुद्धि के भइले क साथे-साथ चालाक अउर कठोर होला ऊ अपने खातिर बाउर समय के खुदही नेवता दे देला.

एक जगही ढेर क मेंढ़क झुंड में रहलन. एगो मेंढ़क अपने के जियादे चालाक समुझत रहल. ऊ सगरो झुंड़ वालन के परेशान करे खातिर एगो जुगत सोचलसि. अपने सोच के चलते एक सांप के लगे जाइके कहलस कि एक जगही ढेर मेंढ़क बाड़न, चलऽ देखाईं. सांप के ले जाके देखवलसि. सांप एक-एक कइके सगरी मेढ़कन के घोंट लिहलसि. आखिर में ऊ चालाक मेंढ़क क बारी आइल त सांप ओही के घोंटे चलल. ऊ मेंढ़कवा से कहे लागल की ए भाई हम त तुहार मदद कइलीं अउर ढेर जानी के खाये के मौका दिहलीं, हमके त छोड़ि द. संपवा कहलस की तू त हमार खयका हउअ तुहके काहें नाहीं घोटब? ई कहिके उनहूं के घोंट गइल.

एहसे ई साबित होता कि चालाक मेंढ़क अपने कुटिलता के चलते बिरादरी वालन खातिर बाउर दिन ले आइल. एही से कहल ह कि भगवान प्रारब्ध के अलावा केहू के अभागा ना बनवलन. मनई अपने पहिले क संचय कइल कर्म फल भोग के अलावा सुख-दुख जवन अउर पावेला ऊ खुदे रचले ह. रावण जइसन सुख-संपति वाला केहू नाही रहल. उ सोने के नगरी में रहत रहलन. लेकिन ज्ञानी भइलहू प अपने कठोरता अउर कुबुद्धि क चलते सगरी खानदान क नाश करा दिहलन. एही मतिन दुर्योधनो अपने कुटिलता, कुबुद्धि अउर कठोरता का चलते अपने खानदान आ सेना क नाश करवलन. सच बात ह कि अइसन मनई विवेक क प्रयोग ना करेलन. विवेकहीन हो जालन. जब मनई विवेक इस्तेमाल करेला त बिगड़े वाला खेलो सहज ढंग से बन जाला.


इं॰ राजेश्वर सिंह,
मूल निवास – गोपालपुर, गोला, गोरखपुर.
हाल फिलहाल – पटना में बिहार सरकार के वरिष्ठ लोक स्वास्थ्य अभियन्त्रण सलाहकार
उत्तर प्रदेश जल निगम से अधीक्षण अभियंता के पद से साल २०१० में सेवानिवृत
हिंदी में अनेके किताब प्रकाशित, भोजपुरी में “जिनगी क दूब हरियाइल”, आ “कल्यान क जुगति” प्रकाशित. अनेके साहित्यिक आ सांस्कृतिक संस्था से सम्मानित आ संबद्ध.
संपर्क फोन – 09798083163, 09415208520

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up