पप्पू मिश्र ‘पुष्प’ के ठहाका

by | Jan 13, 2023 | 0 comments

– पप्पू मिश्र ‘पुष्प’

पेट के पपीहरा के पियास बुझावे खातिर उ खुशी-खुशी ओ लो के सेवा-तबदारी में लाग गइल। सेवा-तबदारी से जवन कुछ मिले ओ से ओकर आ ओकरा परिवार के गाड़ी डगरे लागल। संपूर्ण समरपन आ ईमानदारी से सेवा करते कुछ दिन बीत गइल त ओकरा के नया जिम्मेवारी सउप दिहल गइल। एही तरे जबे जवन जिम्मेदारी दिहल जाव ओके उ आपन धरम आ कर्तव्य मान के पूरा करे लागल। बाकिर ओ लो के असलियत जब पता चलल तबले देर हो गइल रहे। ओकर लवटल-भागल मुश्किल रहे। ओकरा चारु-ओर हालात आ हुशियारी के मजबूत देवाल खड़ा क दिहल गइल रहे।
एक दिन – ‘हम मानअ तानी कि हमरा खून में राउर निमक दउरअ ता बाकिर हई पाप हम नइखी कर सकत ! बहुत लोग के ठोकनी,…ई ठीक नइखे।…कवनो पापी-कसाई भा धंधेबाज के कहीं हम जान लगा देब।’ हाथ जोड़ के उ मना कइलस।
‘ओकर मरल हमनी के धंधा खातिर बहुत जरूरी बा।…ठीक-बेठीक कबसे देखे लगले रे ? एही खातिर तोरा के पोसल बा ? जवन कहल जा ता चुप-चाप कर, पाप-पुण्य सोचल छोड़, ढ़ेर दिमाग लगइबे त दिमाग उड़ जायी,समझले कि ना ?’ शराब के खाली गिलास आपन एगो चमची के पकड़ा के आका डपटले।
‘…हम दिमाग नइखी लगावत,हमार दिल कहअ ता कि ई वाजिब नइखे। एगो ईमानदार,कर्मठ आ न्यायप्रिय ऑफिसर के जान बेशकीमती होला। आ उ ऑफिसर त जनता के जान ह। ओकरा साथे-साथे ओकर निर्दोष बाल-बच्चा आ लोकभावना के भी हत्या हो जायी।’ दृढ़ता से उ आपन पक्ष रखलस।
‘…गिनती आवे ला तोरा ? गिन के बताव त तोरा घर में क आदमी बाड़े ?’ ए बेरी आका नाप-तोल के बोलले आ खामोश हो गइले।
एतना सुनते ओकर करेजा काँप गइल। घरवालन के चेहरा एक-एक कर के ओकरा आँखि के सोझा घूमे लागल। अचानक आइल भय आ दहशत के प्रचंड वेग ओकरा से ना रोका पाइल त गिड़गिड़ाये लागल – ‘गोड़ धरअ तानी राउर,अइसन मत करब ! बाल-बच्चा आ परिवारे हमार जिनगी के डोर बा। उ टूट जायी त हम जी ना पायेब,…हम उहे करेब जवन रउआ कहेब।’
आ एगो जोरदार ठहाका के बाद सगरी योजना ओकरा के समझा दिहल गइल।

पप्पू मिश्र ‘पुष्प’
छोटी नरैनियाँ(पूरब टोला), मीरगंज(गोपालगंज), बिहार – 841438
संप्रति – व्याख्याता (डॉ राजेन्द्र प्रसाद इंटर कॉलेज),हथुआ(गोपालगंज)

स्वतंत्र पत्रकार- प्रभात खबर,गोपालगंज

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up