बतकुच्चन – २८

by | Sep 20, 2011 | 0 comments

प्रकृति के एगो नियम विज्ञान में पढ़ावल जाला कि ऊ गँवे गँवे सब कुछ के समतल सपाट करे में लागल रहेले, चाहे ऊ पहाड़ होखे भा कवनो झील पोखरा गड़हा. अलग बाति बा कि पता ना का होई जब सब कुछ समतल हो चुकल रही. शायद तब धरती पर पानी के प्रलय आ जाई. अब एह अबूझ अनजान पहेली में अझूराइल त बतकुच्चन के मकसद नइखे बाकिर आजु कुछ सोच के एकर चरचा उठवले बानी. प्रकृतिये का तरह भाषा विज्ञानो के हाल होला. भाषा विज्ञानी भा व्याकरणाचार्य लोग गँवे गँवे हर भाषा के कवनो ना कवनो सूत्र में बान्हल चलि जालें जबले ऊ भाषा आम आदमी खातिर दुरूह ना बनि जाव. एह विकास यात्रा में संस्कृत, ग्रीक, लैटिन वगैरह त बाँच गइली सँ बाकिर ओकरा बाद के कतना भाषा पता ना कहवाँ बिला गइली सँ. ग्रीक लैटिन के बात छोड़ दीं त संस्कृतो शायद एहसे जिन्दा रहि गइल कि हमनी के ढेरहन धर्मग्रन्थ संस्कृत में लिखल बा. ओकरा बाद के पालि, प्राकृत, अवहट्ट, अपभ्रंश वगैरह गँवे गँवे बिला गइली सँ ठीक ओही तरह जइसे भोजपुरी के मूल लिपि कैथी. आजु कैथी लिपि के पढ़े लिखे वाला केहू ना मिली. बाकिर कुछ लोग कैथी लिपि के साम्यता आजु के गुजराती लिपि में खोज निकलले बा. आ बहुत हद तक ई बाति सहियो बा. बाकिर दुनु लिपियन में अंतरो बहुते बा. खैर बाति फेर बहक गइल. कई बार कह चुकला का बादो आजु फेर कहे के मन करत बा कि हर भाषा के आपन सुभाव होला आ भोजपुरियो के बा. भोजपुरी में दुरुह वर्ण के इस्तेमाल ना होला. स त बा बाकिर भोजपुरी सुभाव में श आ ष ना आवे. संयु्क्ताक्षर से भोजपुरी शुरुवे से फरका रहत आइल बिया. लेकिन एकर कुछ आपनो वर्ण बाड़ी सँ जवन देखे में त संयुक्ताक्षर लागेली सँ बाकिर हईं सँ स्वतंत्र वर्ण. जइसे कि ङ्ह, र्ह, ल्ह, म्ह, न्ह. एकनी के उदाहरण देखल जाव त जङ्हिया, बर्हम, चाल्हाक, गम्हउरी, अन्हरिया से मतलब साफ हो जाई. अब रउरा जानल चाहत होखब कि आजु हम ई पोथा खोल के काहे बइठ गइनी ? एने कई हफ्ता महीना से भ्रष्टाचार के जोर चलत बा. अब भ्रष्टाचार खातिर भोजपुरी में शब्द बा भठियरपन, भ्रष्टाचारी खातिर भठियारा बाकिर देखत बानी कि लोग एह ठेंठ शब्दन के इस्तेमाल कम करत बा. का एह चलते कि भठियारा साफे बतावत बा कि सामने वाला गइल गुहाइल बा जबकि भ्रष्टाचार में तनी शिष्टता झलकत बा ?

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up