– डॉ. कमल किशोर सिंह
सुन्दर सरोबर हो
कि कौनो पंक दल-दल ,
पता केकरा बा कि कहँवा
खिली एगो कमल शतदल।
कठिन बा ई कहल केकर
कहँवा होई प्रसुति घर।
रोडसाइड, बाथरुम भा
साफ़ सुथरा हॉस्पिटल,
झोपड़ी झाड़ी महल ,
कारावास आकि अस्तबल
हमेसा ई असंभव बा कहल
कि कब कहाँ अवतरित होई
कृष्ण क्राइस्ट कर्ण कोई।
डॉ. कमल किशोर सिंह
शिशुरोग विशेषज्ञ,
न्यूयॉर्क, अमेरिका
184 total views, 2 views today