आजकल रोज हम अखबार पढ़ेनीं

by | Aug 25, 2015 | 0 comments

Rituraj-Nepal

– ऋतुराज

आजकल रोज हम अखबार पढ़ेनीं
अखबार में आइल लेख दू-चार पढ़ेनीं।
चोरी, हत्या, गरीबन के लूटल
होखेला रोज कुछ बलात्कार पढ़ेनीं।।
आजकल रोज हम अखबार पढ़ेनीं
अखबार में आइल लेख दू-चार पढ़ेनीं।

तेज हो रहल विकास पढ़ेनीं
उठ रहल भरोसा-विश्वास पढ़ेनीं।
सड़ रहल गोदामन में अनाज
भूख से मरत लईकन हजार पढ़ेनीं।।
आजकल रोज हम अखबार पढ़ेनीं
अखबार में आइल लेख दू-चार पढ़ेनीं।

विकास में तेजी किसानन के आत्महत्या
चारुओर ग्लोबलाइजेशन के बहार पढ़ेनीं।
वोट खतिरा जनहित बनल बॉंटे लड्डू
नेता-नौकरशाहन के भ्रष्टाचार पढ़ेनीं।।
आजकल रोज हम अखबार पढ़ेनीं
अखबार में आइल लेख दू-चार पढ़ेनीं।

सम्पत्ति ला मरत संसार पढ़ेनीं
भाई-भाई में भइल टकरार पढ़ेनीं।
जात-पॉंत में समाज भइल फॉंके-फॉंक
अदमिअत हो गईल शिकार पढ़ेनीं।।
आजकल रोज हम अखबार पढ़ेनीं
अखबार में आइल लेख दू-चार पढ़ेनीं।

दहेल लोभ में लईकी जरावल गईली
कश्मीर में आतंकी के मार पढ़ेनीं।
ईरान के परमाणु बा दुनियॉं ला खतरा
अमरीका में परमाणु के भंडार पढ़ेनीं।।
आजकल रोज हम अखबार पढ़ेनीं
अखबार में आइल लेख दू-चार पढ़ेनीं।

नैतिकता, चरित्र, सही-गलत कुछो नइखे
बेईमानन के सगरो भरमार पढ़ेनीं।
संपादक लिखेलन सभ ठीक हो जाई
होई एकदिन कवनो चमत्कार पढ़ेनीं।।
आजकल रोज हम अखबार पढ़ेनीं
अखबार में आइल लेख दू-चार पढ़ेनीं।


ऋतु राज
वीरगंज, नेपाल

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up