कविता के जरुरत बा

by | Jul 17, 2010 | 3 comments

– रवि कुमार गिरी गुरुजी

न सार के जरुरत बा न बिचार के जरुरत बा ,
कविता लिखत बानी कविता के जरुरत बा ,

सोच होखे समझ होखे एपर केहू ध्यान ना दी ,
चटक मटक लिखी समाज के कुछ ज्ञान ना दी ,
पाहिले लोग खोजत बा कुछ खुला कुछ कसाव ,
समाज और संसकृति से ना होखे कवनो लगाव ,
बस मन बहलावे वाला सब्दन के जरुरत बा ,
कविता लिखत बानी कविता के जरुरत बा ,

अब रामायण के बात सुनावे खातिर करीले ,
हर कोई से बिनती की चल आइहा साम के ,
बिना बोलावल आवत बा लोग सुने खातिर ,
हर साम के बार में मन लागल बा जाम में ,
इ लगत बा लोग के बेवहार के जरुरत बा ,
कविता लिखत बानी कविता के जरुरत बा ,

गाव में अब चौपाल तक खाली रहत बा ,
देखि दारू के भट्टी पर जमघट लागल बा ,
इहा एहसास मर गइल बा साथ बनल बा ,
अपना पर ना लोग पर बिस्वास बनल बा ,
लोग कहत बा इनके समझ के जरुरत बा ,
कविता लिखत बानी कविता के जरुरत बा ,

जे आज देश चलावत बा उ नोट बानावत बा ,
माई भारती के ना, अपने बारे में सोचत बा ,
जहा पावत बा ओहिजा लुटात बा खसोटत बा ,
जेतना पैसा हो जाव आउर बढ़ावे में जुटल बा ,
अइसन खातिर आज कालापानी के जरुरत बा ,
कविता लिखत बानी कविता के जरुरत बा ,

मास्टर जी पढावे खातिर स्कुल में आइलन ,
हाजिरी बना के खेत में काम करे गइलन ,
अइसन काहे होत बा इ सोचे के जरुरत बा ,
घर के लगे बारन तबे नु बनत महूरत बा ,
अइसन लोग के जिला ख़ारिज के जरुरत बा ,
कविता लिखत बानी कविता के जरुरत बा ,

इहो बिगरले इनका के लोग भगवन काहे ला ,
अब पैसा के बिना इनकर ईमान ना चलेला ,
केहू मरे चाहे जिए इनके पाईसा पाहिले दिहा ,
नाही उठ्ठे बेग इनकर नाही आला चलेला ,
चाहे केहू मरे इनके पाईसा के जरुरत बा ,
कविता लिखत बानी कविता के जरुरत बा ,


छपरा के निवासी रवि कुमार गिरी आजुकाल्हु कोलकाता में रहेनी आ ओहिजे फिल्मोद्योग से जुड़ल बानी.

Loading

3 Comments

  1. OP_Singh

    खाली दोसरे के बड़ाई होखी कि कबो आपनो रचना भेजल जाई.
    अमृतांशु जी, हम बहुत दिन से रउरा रचना के इन्तजार में बानी.

  2. omprakash amritanshu

    Guru gi ,
    Bughe ke jarurat ba,jughe ke jarurat ba.
    Raur rachana me ulghe ke jarurat ba .
    Geetkar
    O.P.Amritanshu

  3. प्रभाकर पाण्डेय

    न सार के जरुरत बा न बिचार के जरुरत बा ,
    कविता लिखत बानी कविता के जरुरत बा ,….जय हो गुरुजी। सुंदर अउर सार्थक रचना खातिर सादर आभार।।

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up