बहल गाँव बिलाइल खेती

by | Sep 16, 2016 | 2 comments

– जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

 

JaishankarDwivediनइकी शादी छंटल  बहुरिया

डिस्को झारत भर दुपहरिया

भइया फ्रिज में पानी राखस

लुग्गा धोवे  रोज तिसरिया

अब मइया न बलाएँ लेती .

बहल गाँव बिलाइल खेती .

 

बइठल दुअरे बब्बा रोवें

घरवां दादी बरतन धोवें

चच्चा  गोबर फेकें घूरे

बुआ चुहानी रोटी पोवें

भावे भउजी  भइया बेती .

बहल गाँव बिलाइल खेती .

 

घर घर घुसरल अइसन टीभी

बनल  बहुरिया  बड़की बीबी

अम्मा  चाय  बनावें सभकर

भलहीं  आवें  सजल  करीबी

मटका फूटल आपन नेती .

बहल गाँव बिलाइल खेती .

 

गवईं  थाती छोह  हेराइल

जाने कहवाँ जा  अझुराइल

टूटल गाँछ छुटलs बइठकी

नाता रिश्ता  सभे भुलाइल

काकी अब ना जोरन देती .

बहल गाँव बिलाइल खेती .

 

हंसुआ  खुरपी  रहे  कुदारी

आपन  सगरों  घरे  दुआरी

आपन सभकर सबही आपन

कब्बों  कवनो खेत  नियारी

गरदन आपन आपन रेती .

बहल गाँव बिलाइल खेती .

 

बाबूजी अब पढ़त इबारत

माई घर – दलान बहारत

घरे खेती अधिया -तीसरी

बेटा  दुअरे शान बघारत

रिस्तन के जड़ जामल रेती .

बहल गाँव  बिलाइल खेती .

 

Loading

2 Comments

  1. रामरक्षा मिश्र विमल

    गाँवन में तेजी से आवत बदलाव पर बढ़िया कविता।
    बहल गाँव कहिके कवि खाली मुहावरा के प्रयोग नइखे करत बलुक गँवई संस्कृति के क्षरण पर आपन गंंभीर चिंता दर्ज करा रहल बा।बिलाइल खेती त ओकर परिणाम बा।

  2. amritanshuom

    सुन्दर रचना

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up