राजा आ लोक कवि

by | Sep 28, 2011 | 1 comment

Dr.Ashok Dvivedi

– डा॰अशोक द्विवेदी

सिंहासन पर बइठल राजा के
अझुराइल रहला खातिर
जुटावल जाला कतने सरंजाम.

जइसे मारकाट के खेल
भुखाइल, खूनी बाघ से
निहत्था आदमी क लड़ाई.
जइसे नाच गाना के महफिल
आ शेरो-शायरी से बड़ाई
खास नर्तकियन के पेशी.
पाँच रानियन से
अतृ्प्त — उबियाइल मन के
मोर बनावे खातिर, राजा करेला
नया कमसिन सुन्दरी के चुनाव
महँगा मदिरा का सुरूर में
सत्ता क मउजे दोसर होला.

राजा शिकार करेला
बाघ, हिरन, सूअर भा आदमी के
राजा के महल होला आलीशान
किसिम-किसम के कमरा-बइठका
ढाल-तलवार, भाला, बनूखि
आ रतन जड़ावल तस्वीर से सजल
झाड़-फानूस लटकल
जगहे जगह खूंटी पर
बाघ, हिरन के खाल
राजा के बीरता आ पराक्रम के निशानी.

राजा कवि होला
सुधी-गुनी आ आलोचक
राजा का मुखार से बरिसेला तेज
चमकेले कला आ कारीगरी
राजा सम्मान आ पुरस्कार देला
आ निजी सकून खातिर
कटवा लेला हाथ कारीगर के !
कवनो कवि, राजकवि ना बने
राजा राजकवि बनवावेला.

लोक के कवि त
राजा का नजर से दूर
कवनो गाँव-कस्बा भा
उजाड़ल शहर में रहेला —
लोगन का बीच
आपन निरगुन-सगुन गावेला

धरती ओकरा हरियरी
आ जिया जन्तु का हुलास में
निहारेला सुथराई
ढूंढेला प्रेम !
लोक कवि मान-सम्मान आ
पहिचान खातिर ना होला बेचैन
जोलहा बनि बीनेला कपड़ा
सियेला चाम लोक कवि
जोतेला खेत आ
तूरेला दुख के पहाड़ !


अँजोरिया पर डा॰ अशोक द्विवेदी के दोसर रचना

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    रजा आ लोक -कवि के परिभाषा बहुत निक लागल .

    ओ.पी.अमृतांशु

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up