गोरखपुर से भाजपा सांसद आ भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन के भोजपुरी भाषण

by | Mar 8, 2024 | 0 comments

Photo by sxreengrab of the video on youtube.com

दू दिन पहिलहीं लिखले रहीं कि सभका से, खास कर के भोजपुरिया नेता, अभिनेता, सांसद, विधायक से, कि ऊ लोग अपना पोस्ट में, अपना भाषण में भोजपुरी के उपयोग कइल करे. सोशल मीडिया पर त सभे बा, आ ओहमें से अधिका लोग के मीडिया प्रभारी बाड़ें जे एकरा के सम्हारेलें. ओह लोग के निर्देशन मिले कि रोजाना कम से कम एगो पोस्ट भोजपुरी में डालल करे उनुका सोशल मीडिया पर.

खोजत त हमेशा रहीलें कि कुछ ना कुछ नया मिल जाव यूट्यूब पर भोजपुरी में जवना के हम अपना पाठकन से मिल बाँट सकी. रोजे कुछ ना कुछ मिलते रहेला. आजु वइसने एगो लिंक शेयर करत बानी रउरा सभे से. करीब दू महीना पुरान हो गइल एह वीडियो के, बाकिर एकरा के आजुओ देखे सुने में कवनो हरजा नइखे. चाहत बानी कि अउरिओ भोजपुरिया सांसदन, विधायकन के अइसने भोजपुरी भाषण के लिंक मिलल करो. एहसे भोजपुरी के उपादेयता सभका सोझा आई आ सभका लागी कि हमनी का भोजपुरी से नेह-छोह रखले बानी आ शान से भोजपुरी में बोले-बतियाइले हमनी का.

जानत बानी कि दिक्कत कहवाँ बा ? खरबका भा फूहड़ गीत-गवनई का खिलाफ बोले वाला त बहुते भेंटा जाले बाकिर ना मिलसु त ऊ लोग जे भोजपुरी के अइसनका गीत-गवनई का बारे में बतावल करे, साझा करत रहे जवना गीत-गवनई के सभे आ शान से सुन सके. सोचत बानी कि भोजपुरी में बीसो बरीस से बेसी पुरान पहिलका वेबसाइट अंजोरिया पर रोज एगो बढ़िया गीत साझा करत रहीं. देखत बानी कि निमनका खोजत रहला के परिणाम बा कि यूट्यूबो हमरा के अइसने बढ़ियके गीतन के लिंक देखावे लागल बा. अगर सभे निमनके गीत सुने लागे, खोजे लागे त निमनके छाप ली भोजपुरी के आसमान आ फूहड़कन के जगहा ना मिली ठाड़ होखे के. भोजपुरी के खरबका गीत-गवनई के ओकर आलोचना कर के, ओकरा के गरिया के ना मिटावल जा सकी. दोसरे होखी का कि उहे सब गीत-गवनई सामने आवत रही. रउरो सभे तय कर लीं कि जबे सुनब बढ़ियके गीत-गवनई, आ ओकरे के शेयर कइल करब.

चलीं अब सुनल जाव गोरखपुर से भाजपा सांसद आ भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार रहल रविकिशन के भोजपुरी भाषण. धेयान दीं सभे कि ई भाषण भोजपुरी में ना होके भोजपुरी में भाषण बा ! तनिका जोर देब सभे त रउरो मान लेब कि हँ एकर फरक कमाल के बा !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up