अंजोरिया के भउजी से आजतक के भोजपुरी भाभी ले

by | Jan 6, 2024 | 0 comments

देश के एगो प्रतिष्ठित आ पोढ़ टीवी चैनल अपना तकनीकि ज्ञान आ शक्ति के प्रतीक देखावे खातिर दू आर्टिफिशियल इंटेलीजेन्स के सहारे तीन गो बनावटी एंकर बना के पेश कइले बावे. एही में से एगो एंकर के नाम दिहले बावे भौजपुरी भाभी. भोजपुरी भाभी भोजपुरी में खबर सुनावेली.

अंजोरिया पर एक जमाना से भउजी हो स्तम्भ जारी बा. ओहमें एगो पोस्ट में बतवले रहीं कि भउजी हो स्तम्भ का पीछे के का आधार रहुवे. शायद अइसने कुछ कारण आजोतक के बुझाइल होखी आ ऊ अपना एंकर के भोजपुरी भाभी बना के पेश क दिहलसि. भोजपुरी मेश दुनिया के पहिलका वेबसाइट होखला का चलते anjoria.com एकरा के आपन कर्तव्य मानेला कि भोजपुरी में होखे वाला हर बड़हन काम के स्वागत करो आ ओकरा के बढ़ावा देव. अलग बाति बा कि भोजपुरी के अखिल भारतीय से लगवले अखिल ब्रह्माण्ड तकले होखे के दावा करे वाला कवनो भोजपुरी संगठन भा मंच भा मशहूर लोग – लिखनिहार से लगवले कलाकार तकले – कबो गलतियो से अंजोरिया के प्रशंसा अपना मंच पर कइले होखे.

शुरुआती दिन में भोजपुरी के पहिलका टीवी चैनल आइल रहुवे महुआ टीवी. ओकरो के हम हर हीक बढ़ावा देबे के कोशिश कइनी, अलग बाति इहो बा कि ओकरा हमरा बढ़ावा से कुछ भेंटाए वाला ना रहुवे. भेंटाए खातिर त हमरो कुछ खास नइखे भेंटात. आर्थिक सहजोग खातिर एक जमाना से निहोरा करत बानी कि अंजोरिया के भामाशाह बन के आगे आईं. नइखीं कहत कि रउरा हजारे सौ में सहजोग करीं. एगारहो रुपिया के सहजोग अंजोरिया के जिअवले राखे में अमृत के काम करी. खैर, सभे अपने में परेशान बा, एक बीड़ा पान खिआवे भा एक कप चायो पिआवे के सोचल मुश्किल बा.

रउरो सुनीं कि आजतक के भोजपुरी भाभी कइसन खबर सुनावत बाड़ी. हमरा इहो लागत बा कि मशीन भोजपुरी लिखलका के सही उच्चारण नइखे कर पावत. काहे कि भोजपुरी शब्दन के सही उच्चारण वइसने होला जइसन उर्दू में लिखल दुरद आ दरद के फेर. अर्ध ह्रस्व आ दीर्घ दीर्घ के कल्पना हिन्दी में कबो आइबे ना कइल एहसे हमहन में अधिका लोग सही उच्चारण ना कर पावे. पढ़हूं में बहुते लोग के दिक्कत होखेला. काहें कि पढ़ब आ पढ़ब के अलग अलग तरीका से होखे वाला उच्चारण ओकर अलग अलग अर्थ जतावेला. “पढ़बऽ ?” आ हँ “पढ़ब !” से एह अर्थ के समुझल जा सकेला. ई त बस एगो उदाहरण रहल ह. सोचीं आ भोजपुरी खबर के आनन्द लीं, यू ट्यूब पर एकरा के लाइक आ सबस्क्राइब करीं, इहो निहोरा करब. हमरो एकर जानकारी अबहियें मिलल ह, से हमरो नइखे मालूम कि एकर नया वीडियो कब आवेला, ओकर आवृति का हवे. तबले कोशिश करब कि एह पोस्ट में हमरा जानकारी मं आइल नयका वीडियो के शामिल करत रहीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up