जहर के काट जहर से

by | Dec 12, 2023 | 0 comments

भउजी हो !

ढेर दिन बाद लउकनी हऽ बबुआ. कहाँ अझूराइल रहनी हऽ ?

कहीं ना भउजी, बस अइसहीं समय बितावत रहनी ह. आजु भाजपा राजस्थानो के मुख्यमंत्री के एलान कर दिहलसि त सोचनी कि तहरो राय जान लीं.

ए बबुआ हम त इहे कहब कि तू जातिवादी त हम महाजातिवादी. तू डालडाल, त हम पातपात. बाकिर अइसन कइल जरुरी हो गइल रहुवे.

काहे भउजी ?

जानते बानीं कि भाजपा के सबले बड़का ताकत हवे ओकर हिन्दुत्व आ राष्ट्रवादी विचारधारा. आ ओकरा एह ताकत के कमजोर करे खातिर देश के विरोधी गोल जातिवादौ सोच के आगे बढ़ा के भाजपा के राष्ट्रवादी आधार आ हिन्दुत्व के कमजोर कइल चाहत बाड़न. से कहले जाला कि जहर के काट जहरो से कइल जा सकेला. काँट निकाले खातिर काँटे के इस्तेमाल कइल जा सकेला.

बाकिर मोहन यादव यादवन के साम्राज्य कमजोर कर सकीहें का ?

ऐ बबुआ, मोहन यादव के बाबूजी के नाम का हवे ?

ई त हमरा मालूम नइखे. गूगल कर के पता लगा लेब.

ओकर कवनो खास जरुरत नइखे. अखिलेश एह से अखिलेश हो गइलें कि उनुकर बाबूजी मुलायम यादव रहलन आ तेजस्वी के तेज एही से बन पावल कि उनुकर बाबूजी रहलन लालू यादव.

बाकिर भउजी तहरा एही तर्क के काट में कहल जा सकेला कि मुलायम आ लालूओ के बाबूजी के नाम आम लोग के याद नइखे.

हँ बबुआ, आ एही चलते लालू लालू आ मुलायम मुलायम रहलें. अखिलेश आ तेजस्वी में ऊ बात आइए ना सके काहें कि एह लोग के सबकुछ एहीसे भेंटा गइल कि एह लोग के बाबूजी ताकतवर रहलें. समाजवादी गोल यादवन के गोल ना कहल जा सके आ राजदो के यादव गोल ना कहल जा सके. बाकिर मोहन यादव के मुख्यमंत्री बना के भाजपा आम यादवन आ अपना आम कार्यकर्तन के बता दिहलसि कि – ‘चलती चाकी देखि के हँसल कमाल ठठाय, कील पकड़ि के जे रहे कबो ना पीसल जाव.’

अगर तू अपना विचारधारा आ अपना पार्टी के हित के सोचल रहब त देर सबेर तहरो के अइसन मौका मिल सकेला. नेहरूगाँधीवाड्रा परिवार का चलते तहार जन्मजात अधिकार बन जाला अपना गोल पर. तोहरा गोल के आम मनई कबो सोचिए ना सके कि एकदिन तहरो नम्बर लाग सकेला.

बाकिर भउजी, खरगे आ मनमोहनो सिंह त नेहरूगाँधीवाड्रा परिवार से ना रहलें.

हँ बबुआ बाकिर एह लोग के समर्पण नेहरूगाँधीवाड्रा परिवार ला रहल बा. मजाल बा कि ई लोग कबो नेहरूगाँधीवाड्रा परिवार के इशारा महटिया सकसु.

हँ भउजी बाकिर, भाजपो में त केहू संघ परिवार के निर्देशन के उपेक्षा ना कर सके.

ठीक कहनी बबुआ. बाकिर संघ परिवार आ नेहरूगाँधीवाड्रा परिवार में एगो बड़हन अंतर बा. संघ परिवार कवनो परिवार के हित ला ना सोचि के, समग्र हिन्दू समाज ला आ राष्ट्र ला सोचला. बाकी राजनीतिक परिवार अपना परिवारे के हितअहित सोचल काम करेलें.

तहार कहना त सौफीसदी सही बा भउजौ. चलऽ अब चाय पिआवऽ.

 

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up