सोमार का दिने शेयर बाजार टूटल काहें

by | Oct 24, 2023 | 0 comments


भउजी हो !

का बबुआ ?

सोमार का दिने शेयर बाजार टूटल काहें ?

केहू पटक दिहले होखी, भा पाकिस्तान वर्ल्डकप क्रिकेट के मैच हार गइल अफगानिस्तान से, भा विधानसभा चुनावन में भाजपा का हार का अनेसा से, भा हमास का खिलाफ चीन इजरायल का साथे खड़ा लउकल एह चलते ?

का भउजी, तोहरा हमेशा मजाके सूझेला.

त अउर हम का कहीं ? दू दिन का छुट्टी का बाद आ दशहरा के छुट्टी से एक दिन पहिले एक दिने ला बाजार खुलल रहे एह चलते ?

ना भउजी. मजाक बन्द करऽ आ कुछ गंभिराह बाति करऽ.

त सुनीं, रउरा सुनलहीं होखब कि सोमार का दिने देश के शेयर बाजार में निवेशकन के करीब 7 लाख 59करोड़ के नुकसान हो गइल. पता बा लाख करोड़ मेंं कतना सुन्ना लागेला ? लाख के पाँच गो आ करोड़ के सात गो. त 759 का बाद दस गो सुन्ना लिख लीं. असल में अतना नुकसान कागजी घोड़ा होला. जबले रउरा शेयर के सौदा निपटाएब ना तब ले ना त नफा होला, ना नुकसान. जबले राउर सौदा खाड़ बा तबले नफा-नुकसान कागजे पर होला. बाजार के मार्केट कैप सूचीबद्ध सगरी कंपनियन के शेयर ओह दिन के मौजूदा दाम पर जोड़ के बोलल-बतावल जाला. एहमें एगो बड़हन हिस्सा कंपनी प्रोमोटरन के होला जवन ना त खरीदाला, ना बेचाला बाकिर मार्केट कैप गिने में शामिल रहेला. रहल बात उठला आ गिरला के त ई त रोजनामा हवे बाजार के. चढ़त-गिरत ना रहे त बाजारे ना रही. सोचीं कि अगर सभकर राय होखो कि बाजार भा फलां शेयर के दाम चढ़ेवाला बा त ओकरा के बेचे के आई. आ अगर सभकर राय होखो कि बाजार भा फलां शेयर के दाम गिरेवाला बा त ओकरा के खरीदे के आई. बाजार एही पर चलेला कि कुछ लोग हिसाब लगावेला कि फलां-फलां कारण से बाजार गिरेवाला त कुछ लोग के हिसाब रहेला कि फलां-फलां कारण से बाजार चढ़ेवाला बा. आ अपना-अपना अनुमान से लोग खरीदे भा बेचे के फैसला करेला.

एगो अउर बाति बा कि अगर सटोरिया ना होखऽ सँ त बाजार थथम जाई. दोसरे ई खेल पूंजी आ बुद्धि दुनु से खेलल जाला. कुछ लोग का लागेला कि उनुका लगे बुद्धि अधिका बा आ पूंजी कम त ऊ लोग आप्शन खरीदे चल आवेला. जबकि सामने वाला का लगे बुद्धिओ पूरा होखेला आ पूंजिओ त ऊ लोग ऑप्शन बेचेवाला हो जालें. ऑप्शन बेचेवालन के दू गो गोल होला. रउरा कबो दू गोला चइता भा कव्वाली सुनले होखब त रउरा बढ़िया से समुझ आ जाई. जवना बेर कॉल बेचे वाला आपन गवनई करीहें तब पुट बेचे वाला आपन खेल तइयार करे में लागल रहेला. जब ऊ गोल आपन खेल खेल लेला त एह गोल के खेल शुरु हो जाला. झगड़ा मोहन आ सोहन के रही बाकिर गुरुजी के दुनु गोड़ घवाहिल हो जाई. ऑप्शन सेलरन का खेल में ऑप्शन खरीदेवाला आपन गँवा के घरे जालें कि चलऽ अतने में काम निपट गइल. बाकिर हमेशा गँवावहीं के पड़ो त खरीदे के आई ! से बीच-बीच में एह लोग के मीठा चटावत रहल जाला. तीनतसिया खेलावे वालन का तरह. पहिले त रउरा के जीतवा दीहें सँ आ जब रउरा लागी कि आजु हमार दिन ठीक लागत बा आ बड़का दाँव खेल जाएब त ऊ खेल रउरा हारे वाला साबित हो जाला.

एहसे ई सवाल त करबे मत करीं कि बाजार उठल काहें, भा चढ़ल काहें. एह सब का पीछे के कारण होला स्टॉप लॉस. एगो स्टॉपलॉस टूटेला त ओकरा बाद वाला पर बोझा बढ़ जाला. आ ई क्रम तबले चलत जाला जबले एकरा जबाब में प्रॉफिट टार्गेट हिट होखल शुरु ना हो जाला. गँवे-गँवे जब एहमें संतुलन हो जाला त फेर खेल के दुसरका दौर शुरु हो जाला. आ इहो जान लीं कि कुछ लोग तनखाह पर राखल जालें मार्केट मेकर के काम करेके. धेयान से देखब कि जबे बाजार थिरात लागेला तसहीं एगो नया सौदा हो जाई ऊपर के भा नीचे के. आ ई सौदा अकसरहां एगो भा दू गो शेयर के होला. सोचीं कि अगर असल खरीददार भा बिकवाल एगो भा दू गो शेयर खरीदी-बेची त ओकरा हाथे का लागी. ओहले बेसी त ब्रोकर के कमीशन आ सरकार के टैक्स लाग जाई.

जान जाईं कि एह खेल में दू गो ना चार गो टीम खेलेली सँ. रिटेल ट्रेडर, इंस्टीच्यूशनल ट्रेडर, ब्रोकर आ एक्सचेंज, अउर सरकार. ब्रोकर एक्सचेंज आ सरकार के फायदा एही में रहेला कि खूब जम के खरीददारी-बिकवाली होखो. एह लोग का बखरा मुनफे-मुनाफा होला. रिटेल ट्रेडर आ इंस्टीच्यूशनल ट्रेडर का बीच कबो केहू जीतेला, कबो केहू.

वाह भउजी ! कमाल कर दिहलू. बाजार के सगरी खेल अतना सहज तरीका से बता दिहलू. हिन्दी अंगरेजी अउर दोसरा भाषावन में त शेयर के चरचा होते रहेला. हमनी का भोजपुरिओ में एकर चरचा करत बानी त भोजपुरिअन के पसंद आवे के चाहीं. देखऽ कतना लोग जुड़त बा शेयर चरचा ला अँजोरिया पर.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up