विजयादशमी के अवसर पर सभकर अभिनन्दन आ सभका ला मंगल कामना

by | Oct 23, 2023 | 1 comment

काल्हु मंगल का दिने सभे विजयादशमी के पर्व धूमधाम से मनाई आ एह पावन पर्व पर अँजोरिया के सगरी पाठक-पाठिका ला मंगल कामना करत बिया राउर अँजोरिया.

एह दिन के लोग महिषासुर वध से त जोड़बे करेला बाकिर ओहू ले अधिका रावण पर भगवान श्रीराम के विजयो का साथे जोड़ल जाला.

रावण पर विजय पा के श्रीराम श्रीलंका के राज अपना अधीन ना कइलन बलुक रावणे के छोटका भाई विभीषण के राजा बना के अयोध्या लवटि अइलन. बतावल जाला कि श्रीलंका से अयोध्या आवे में उनुका चौदह दिन लागल रहुवे. आ ऊ जहिया अयोध्या चहुँपलन ओह दिन दिवाली मनावल गइल. तबहियें से ई परम्परा शुरु हो गइल कातिक अमावस का दिने दिवाली मनावे के.

सोचनी कि आजु एह बाति के सचाई परखिए काहें ना लीहल जाव त गूगल बाबा का शरण में गइनी आ उनुका से जानल चहनी कि
श्रीलंका से अयोध्या पैदल आवे के होखो त कतना दिन लागी. आजु गूगल बाबा हमरा के 28 दिन बतवलन बाकिर जवन नक्शा देखवलन तवना में ऊ पूरा परिक्रमा क लिहलन श्रीलंका के. हो सकेला कि श्रीराम के युद्ध शिविर रामेश्वर का लगहीं रहल होखी आ ऊ ओहिजे से नू चलल होखिहें. आ इहो हो सकेला कि विजय का उछाह आ घरे लवटे का उत्साह में लोग तेज चलल होखे. रउरो गूगल बाबा से ई जानकारी ले सकीलें.

खैर, हम त इहे मानब कि उनुका चउदहे दिन लागल होखी. बाकिर विजयादशमी का दिने शस्त्रपूजन के परंपरा कब आ कइसे शुरु भइल एह बारे में हम अबहीं गूगल ना कइनी ह. बाकिर सचाई त इहे बा कि विजयादशमी का दिने देश में कई जगहा शस्त्रपूजन के परंपरा मनावल जाला. देश के दू गो संगठन एह दिन के बहुते धूमधाम से मनावेलें. एक त हवे राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ आ दोसरका हवे – भा कहीं त रहुवे बाला साहेब ठाकरे के शिवसेना. राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के स्थापना बरीस 1925में विजयादशमी का दिनही भइल रहुवे.

रउरा का सोचिलें – एह दिन के घर-घर में शस्त्रपूजा होखे के चाहीं कि ना ?

Loading

1 Comment

  1. Anonymous

    रावण का बध में त अस्त्रे-शस्त्र के नु उपयोग भइल रहे ! एहसे विजयदशमी का दिन शस्त्र-पूजा के परंपरा उपयुक्त लागतिया।
    – रामरक्षा मिश्र विमल

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up