पिया नाहीं अइले अबकी फगुनओ में : बतंगड़ – 30

by | Mar 15, 2017 | 0 comments

– ओ. पी. सिंह

अगर कवनो समाज के खतम करे के होखे त ओकरा नाभि प चोट करे के चाहीं. आ समाज के नाभि ओकरा भासा, ओकरा परम्परा, ओकरा संस्कार, ओकरा उत्सवन में होला. कई बेर ई चोट ओह समाज के भलाई का नाम प लगावल जाला, ओकरा के सुधारे सभ्य बनावे खाति कइल जाला. भोजपुरियो का साथे अरसा से अइसने खुरचाली हो रहल बा. आम आदमी के भासा भोजपुरी के अपना के पढ़ल-लिखल-सभ्य माने वाला कुछ लोग अपना खुरचाली में श्लील बनावे प लागल बा. ओहु लोग के मालूम बा कि श्लील होखते भोजपुरी के नींव हिल जाई. आम आदमी एकरा से दूर जाए लगीहें आ अपना के सभ्य-श्लील बतावे वाला लोग के तब मनसा पूरन हो जाई. ई लोग त भोजपुरी का नाम प कई गो संस्थो चलावेला जवना के हर काम हिन्दी में होखेला. आ जवन भासा आपन सवालो दोसरा भासा में उठावल करी ओकर आवाज केहु काहे आ कइसे सुनी. भोजपुरी अगर आजु जिन्दा बिया त आम आदमी का चलते. बाकि बकरी के माई कहिया ले खरजिउतिया मनाई. आजु ना त काल्हु ओकरा कटाहीं के बा.

रउरो सभे सोचत होखब कि काल्हु फगुआ बा आ ई बतंगड़ा कवन राग उठा लिहलसि. हर हप्ता एगो खम्भा खड़ा कइल आसान ना होखे. कई बेर ओकरा मजबूरन खुरपी का बिआह में हँसुआ के गीत उठावे पड़ जाला. चारो तरफ आजु चुनाव परिणाम के चरचा चलत बा. एह प अगर कवनो अटकर पचीसा लगाईं त ओकरा गलत होखे के पूरा अनेसा रही. कहले बा बड़ बड़ जने दहाइल जासु,गदहा थाहे कतना पानी. अब जवन होखे के बा तवन काल्हु सामने आइए जाई. बाकि हमरा हर हाल में एह लेख के आजु पठा देबे के बा ना त सम्पादक जी लुकारी भाँजे लगीहें. समहुत जहिया जरी तहिया जरी, बाकि हम त आजुए झँउसि जाइब.

एक बेर मन भइल कि फगुए प लिख मारीं. बाकि फगुआ लउके त पहिले. तीन दिन बादे फगुआ बा आ कतहीं ना त फगुआ के गाजन बाजन सुनाता ना केहु का देह प रंग अबीर लउकत बा. पिया परदेस, देवर घरे लईका, सूतल भसुर के जगाईं कइसे का उहा पोह में पड़ल बिरहिनी परेशान बिया कि पिया नाहीं अइले अबकी फगुनवो में. भाग दौड़ भरल जिनिगी में रोजी रोटी कमाए परदेसे गइल पिया बलमा के तिकवते ओकर फगुआ बीते जात बा. आ हम खोजत बानी अपना लइकाईं का दिन के उमंग उल्लास से भरल फगुआ. जब राहे पेड़ा निकलत हमेशा चौकन्ना रहे के पड़त रहुवे कि केनियो से रंग पानी भेंटा मत जाए. बाकि हिन्दू परब तेवहारन प सेकूलर हमला ई हाल क दिहले बा कि रंग-अबीर, कादो-पानी वाला फगुआ से साम्प्रदायिक बवाल मत हो जाए एह डरे रंग डाले के परम्परे भुलाइल जात बा. गीत-गवनई, फगुआ-चइतो बिसरल जात बा काहे कि कुछ लोग भोजपुरी के अश्लीलता खतम कइल चाहत बा. संवैधानिक मान्यता ला परेशान लोग ई नइखे सोचत कि भासा बचल रही तबे मान्यता के फायदा बा. ना त अकादमीओ के काम दोसरे भासा में करे के पड़ी. हम त हिन्दी से लाख नाराजगी का बादो कुछ हिन्दी वालन के आभारी बानी जे हिन्दी का अखबार में भोजपुरी के खम्भा उठावे के जगहा दे देत बा. ना त भोजपुरिया इलाका के हिन्दी साहित्यकार इचिको ना चाहसु कि भोजपुरी के ओकर हक मिल जाव.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up