भक्तन के मुसीबत के दिन आइल बा – बतंगड़ 47

by | Aug 2, 2017 | 0 comments

– ओ. पी. सिंह

सेकूलर मीडिया में भक्तन के नाम से जानल जाए वालन के मुसीबत के दिन आ गइल बा. संकेत त हमेशा से रहुवे बाकिर ऊ दिन अतना जल्दी आ जाई ई ना लागत रहुवे. अब सवाल बा कि ई लोग अब केकर बाजा बजावे ? ममता दीदिया के ?
कांग्रेस मुक्त भारत के सपना देखे वालन के जाने के चाही कि पश्चिम बंगाल से कांग्रेस के उखाड़ फेंके वाला काम ममते दीदिया कइली. आ हिन्दुत्व के सबले बड़का दुश्मन बँवारा गिरोहन के बंगाल से खदेड़े के नेक कामो ममते दीदिया के ह. अबहीं ले कुछ गलतफहमी रहला का चलते भक्त ममता के पता ना कइसन कइसन नाम से बोलावत आइल रहलें हँ. मानत बानी कि ममता जी माँ माटी मुसलमान के राजनीति करे ला जानल मानल जाली. बाकिर कब उनकर विचार बदल जाव आ बंगाल के सम्मान का नाम पर ऊ बंकिम बाबू के वंदेमातरम गावत राष्ट्रवाद का राह प चल देसु के जानत बा ?
आखिर नीतिशो बाबू त अपना के इशरत जहाँ के बाप मानत रहले हँ, देश के संघमुक्त करावे के नारा लगावत रहले हँ. एके रात में अइसन पलटी मरलें कि चारा चोर जइसन घाघो के अकिल हेरा गइल. आ एही भक में नीतीश के हत्यारा कहे लगलन. कहलन कि नीतीश प हत्या करे के केस चलत बा आ एह मामिला में उनुका फाँसी ना त उमिर कैद के सजाय हो सकेला. चारा चोरी के सजा त अबहीं पता ना कतना बरीस ले लटकावल जा सकेला. लोअर कोर्ट जेल दिहलसि त हाई कोर्ट से जमानत ले लिहलन. ओहिजो से सजाय मिल जाई त सुप्रीम कोर्ट बड़ले बा. सुनले बाड़न का ओहिजा त एगो फोन प जमानत मिल जाला. आ चारा चोरी के मामिला कश्मीरी पंडितन के संहार वाला केस त ह ना कि ओकर गोहार चट से खारिज क दीहल जाई, भठियरपन के केस त बरीसन ले खींचल जा सकेला. यूपीए 2 का जमाना का कवनो घोटालाबाज के अबहीं ले कवनो सजा मिलल बा का ? जेल आइल गइल ज लागल रहेला.
हँ त नीतीश के पलटी मरला आ एनडीए में साढ़े तीन बरीस बाद घर वापसी क के फेरु सरकार बना लीहला का बाद से सचहूँ भक्त परेशान हो उठल बाड़ें. आखिर ऊ कइसे जान सकेलें कि कब कवन नेता भाजपा में शामिल ना हो जाई. भाजपा त मोक्षदायिनी गंगा हो गइल बिया. हजार पाप क के एह गंगा में डुबकी मार सगरी पाप धोआवल जा सकेला. एहिसे हमहूं भक्तन के इशारा दिहनी कि हर भाजपा विरोधी के कुछ ना कुछ गुण खोज के राखऽ लोग. पता ना कब ओकर जरुरत पड़ जाव. विपक्ष में बाचल गिनल चुनल इमानदार नेतवन में गिनाए वाला नीतीश का घर वापसी का बाद अब पूरा अनेसा बा कि कुछ अउरु लोग संघम शरणम गच्छामी करत डेरा बदल सकेला. मुलायम आ रामगोपाल प अधिका मेहनत ना करे के पड़ी आ अखिलेश त लड़िका हऽ. बचवन से कुछ ना कुछ गलती त होइए जाला. ओकरो के सम्हारल जा सकेला.
मुलायम कबो चपरासी त रहलन ना. स्कूल के मास्टर रहलन. से मास्टरी का कमाई से आजु अपने पर परिवार ले ना, गोतियो दयाद के अरबपति खरबपति बनवा दिहले बाड़न. लालू बेचारा भईंस चराए वाला, चपरासी परिवार में रहे वाला सलीका के घोटाला ना कर पवलसि आ आजु अपना पाप से अपना बेटवनो के केरियर खराब क दिहलसि. कोर्ट कचहरी में हाजिरी लगावल बेचारा अलगे हलकान बा.
दोसरा तरफ ओह बारबाला के देख लीं. अइसन निशाना लगवलसि कि महारानी के जिनिगी जीयत बिया. बेटा बेटी दामाद के संपति के अन्दाजो लगावल मुश्किल बा. पता ना कव पुश्त के इंतजाम क घलले बाड़ी. आ एही प याद आवत बा कि भक्त लोग त बबुआ प शुरुए से मेहरबान बा. ऊ लोग त बबुअवा के भाजपा के स्टार प्रचारक वाला मान सम्मान देला. एहसे बबुअवा के स्वागल करे में कवनो दिक्कल ना आवे के चाहीं. आ दिक्कत त नीतीशो के स्वागल करत में ना आइल. हँ बिहारी बाबू के हवा पता ना काहे सटकल बा अबहीं ले पदलन ना.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up