बहिना भुलाइल नइखे 1995 केे गेेस्ट हाउस वाली घटना

by | Mar 13, 2024 | 0 comments


बहुतेे लोग परेशान बा कि का कारण बा कि बसपा सुप्रीमो बहन मायावती काहेे सपा-काग्रेस केे बंटाधार करे पर लागल बाड़ी. कहत बाड़ी कि कवनो गठबन्हन में ना जइहेें बाकिर काम अइसन करत बाड़ी कि भाजपा के फायदा हो जाव.

एह बात का तफसील मेें जाए से पहिलेे एगो घटना बतावल चाहत बानी. हमरा गाँव मेें रहलन एगो जूनबली मियाँ. सोझबक, इमानदार, आ साँच बोल देबे वाला. जब कबो उनुका गाँव केे कवनो बरियार सेे झगड़ा हो जाव त ऊ ओकरा के चेतावसु कि मालिक हमरा सेे मत अझुराईं. ना त हम रउरेे सेे कर्जा ले के रउरा के बरबाद कर देब !

सामनेेवाला अचकचा जाव कि ई कवन बात भइल. अरेे हमरेे से करजा लेे केे हमरा के बरबाद कइसेे कर देबे ? तब जूनबली मियाँ साफगोई बरतत बता देसु कि मालिक राउर गोड़धरिया कर के करजा ले लेेब आ ओकरा के लवटाएब ना. सेे ओकरा फिकिरेे राउर तबियत खराब रहे लागी बाँछाराम के बगिया वाला कहानी का तरह. आ करजा हम लवटाएब ना कि हमरा बेंवतेे मेें नइखे कि हम केहू केे करजा चुका सकीं !

शायद अइसने कुछ बाति बा बहिना का साथेे. कहे ला ऊ भलही कह चुकल बाड़ी कि ऊ 1995 वाली गेेस्ट हाउस केे घटना बिसरा चुकल बाड़ी, बाकिर आदमी सब कुछ भा बहुत कुछ बरदाश्त कर लेेला, बिसरा देला, बाकिर अगर केहू ओकरा जान पर भा इज्जत पर बन आइल होखे त ओकरा केे बिसरावल भा माफ कइल आसान ना होला. आ ओह संकट का घड़ी मेेंं अगर केेहू तारणहार बन केे खड़ा रहल होखेे त ओकरो करजा आदमी भर जिनिगी ना भुला पाए.

याद करावल जरुरी बा कि जब सपा का साथेे आपन गठबन्हन वाली सरकार सेे इस्तीफा दे चुकल बहन मायावती अपना कार्यकर्तन का साथे 2 जून 1995 का दिनेे लखनऊ केे सरकारी गेेस्ट हाउस मेे बइठक करत रही आ ओहि समय सपा के गुन्डा, गुन्डागर्दी करेे वालन केे गुन्डेेे नू कहल जाई, ओहिजा चहुँप गइलेें आ मारपीट, गाली गल्लौज करेे लगलेें. तब बहन मायावती के जान पर बन आइल रहुवेे आ अगर एन मौका पर भाजपा केे विधायक रहल ब्रह्मदत्त ओहिजा आ गइलेे आ बहन मायावती केे सुरक्षित निकाल लेे गइल रहलन. बाद में ऊ भाजपा का साथे मिल के सरकार बना लिहलेे रहली.

शायद ओहि घरी सेे जिद ठान लिहलेे होखिहेें बहन मायावती. आ सब कुछ के बिसरा केे सपा का साथेे फेरु गठबन्हन कर लिहले रहली. हो सकेेला कि ई गठब्नहन दुश्मन के थाहेे खातिर भइल होखे. दुश्मन सेे निपटे के होखेे त ओकर कमजोरी आ ताकत दुनू के थाहे होखेला.

2019 केे गठबन्हन सेे बसपा केे 10 गो सासद जीतल रहलेे जबकि ओकरा सेे पहिलेे 2014 का चुनाव मेे बसपा सिफर पर समेटा गइल रहुवे. बाकिर ओकरा बाद सेे बहन मायावती सपा के बरबाद करे के, हरवावे के कवनो मौका ना छोड़सु. आ एह काम खातिर ऊ हथियार बनावेली ओहिकेे जवना का सपा आपन ताकत मानेले. अबकियो बसपा ठान चुकल बिया कि जहाँ जहाँ सेे मुलायम परिवार के कवनो सवांग भा सपा के कवनो बरियार उम्मीदवार खड़ा होखी ओकर खेल बिगाड़े ला बसपा कवनो गुडडू जमाली के उतार देले. आ तब आजमगढ़ होखत देर ना लागे. आजमगढ़, जवना के अपना हाल के दौरा मेे पीएम मोदी पता ना जानबूझ केे आ कि गलती से आजन्मगढ़ केे नाम दे दिहलन, बनत देर ना लागे. सपा आदमी गुड्डू केे भलहीं अपना पासंग में ले के आ गइल होखे बाकिर जमाली स्टाइल त अपनेे जगहा रही.

पता ना हमार ई विश्लेेषण कतना सही बा, कतना गलत. बाकिर हमहूं निफिकर बानी कि रउरा सभे कुछ बोलब ना. टिप्पणी कइल रउरा शान के खलाफ के बात होला. सेेे गलतियो सेे नीचे दीहल कमेेंट बाक्स में रउरा कुछ लिखब ना, एकर पूरा भरोसा बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up