मोदी पर इल्जाम है कि चोर को क्यों चोर कहा

by | Apr 22, 2024 | 0 comments

कुछ बरीस पहिले एगो नज्म सुनले रहीं कि –

मुझ पर इल्जाम है कि चोर को क्यों चोर कहा ?
क्यों सही बात कही, काहे ना कुछ और कहा ?

दू दिन से बवाल हो गइल बा कि पीएम मोदी अइसन काहे कह दिहलन जवना से देश के जनता इंडी गोलबन्दी के साजिश बूझ लिहलसि. कांग्रेस त हमेशा से एह देश के मुसलमानन के संपति मानत आइल बिया. पहिले का जमाना में एकर राजनीतिक फायदा मिलल करे से कांग्रेस कबो एह बात के लुकावे-छिपावे के कोशिशो ना करत रहुवे. बाकिर अब जमाना बदल गइल बा, देश के बहुसंख्यक अब अपना अधिकार ला बहुते सचेत हो गइल बाड़ें. एहसे कांग्रेसी पीएम रहल मनमोहन सिंह के ऊ भाषण जवना में ऊ देश के संसाधनन पर पहिला हक देश के मुसलमानन के बतवले रहलन ओकर ईयाद दिअवला के का जरुरत रहुवे कि पीएम मोदी ओह भाषण के ईयाद करावे लगलन. आ जब मेहनत से, बुद्धि से, रोजगार से, व्यवसाय से कमाई करेवालन के संपति ले के ओकरा के मजलूमन में बोँटे के वादा अपना घोषणापत्र में कइलसि त ओकरा बारे में सभका के सचेत कइला के का जरुरत रहुवे.

इंडी गोलबन्दी के लोग जब मोदी सरकार पर आरोप लगावत रहुवे कि चुनाव जीतला का बाद मोदी देश के संविधान बदल दिहें तब त लोगो के ई सचाई पते रहुवे कि अइसन कुछ होखे वाला नइखे. बाकिर कांग्रेसी साजिश का बारे में लोगन के चेता के त मोदी इंडी गोलबन्दी के सगरी साजिश सफल होखे से पहिलहीं बेकार हो गइल. मोदी के जीत त पक्का बा, चार सौ का पार जाए के बात कहत बाड़न त का इंडी गोलबन्दी के अतनो अधिकार नइखे कि ऊ अपना हवाई महल में उमेद के एगो झरोखा खोल सके. अब एह घरी त खुलेआम मुसलमानन के तुष्टिकरण के कोशिश करे वाला के खुदकुशी करै वाला बन जाई. एक त मोदी-योगी हिन्दुवन के जात-पाँत में बाँटे लइखल देत आ ओहपर से मुसलमानन के रिझावहूं के कोशिश नइखन करे देत. ई त तानाशाही हो गइल.

बहुसंख्यकन के चाहीं कि जइसे देश के एगो बड़हन हिस्सा मुसलमानन के दे दीहल गइल ओही तरह अपना संपति के बलिदान दे देसु. बाकिर हिन्दू अब सुनते नइखन एह तरह के बात. अइसनका में लोकतंत्र कइसे बाची.

चाहत त रहनी कि भोजपुरी के कवनो वीडियो मिल जाव बाकिर मिलल ना. भोजपुरिहा अइसहीं आपन सुभाव बनवले राखसु त हो सकेला कि गीतो-गवनई मिलल मुश्किल हो जाई आगा चलिके. मजबूरन एगो हिन्दी वीडियो सुनावत बानीं –

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up