रउरा बाप के धन काग्रेस के बाप के हो जाई

by | Apr 24, 2024 | 0 comments

दुनिया के भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम आम भोजपुरिया का भाषा में काम करे में विश्वास करेले. एह चलते हो सकेला कि कुछ लोग के हमरा मथैला पर शिकायत होखो. होखल करो हम त ओही तरह बतियाएब जवना के सभे आसानी से समुझ जाव. एह सफाई का बाद आईं असल मुद्दा पर.

एने कुछ दिन से कांग्रेसी आ इंडी गठजोड़ के साजिश का बारे में पीएम मोदी सभका के बतावे-जतावे-समुझावे मे लागल बाड़ें आ देश के लिब्रांडू गिरोह तड़फड़ा गइल बाड़ें. कांग्रेसी आ इंडी गठजोड़ के साजिश बा कि देश के मेहनतकश लोगन, संचय करे वालन के संपति हड़प लिहल जाव आ अपना लगुआ-भगुआ में बाँट दीहल जाव.

तरह-तरह के सफाई देत एह लिब्रांडुवन के बापे सगरी खुलासा कर दिहलें. कहलन कि आदमी के मुअला का बाद ओकर ओरजल-सिरजल धन के आधा से अधिका सरकार के हो जाए के चाहीं. सैम पित्रोदा इंडियन ओवरसीज कांग्रेस के अध्यक्ष हउवन आ राहुल गाँधी के राजनीतिक गुरु कहल जाला उनुका के. सैम पित्रोदा के बयान आवते कांग्रेस का मूड़ी पर ठनका गिर पड़ल. कांग्रेस के पोढ़ नेता जयराम रमेश के कहना बा कि ठीक बा कि पित्रोदा उनुका रइसन लोगन के गुरु, मित्र, दार्शनिक आ मार्गदर्शक जइसन हउवें. बाकिर जरुरी नइखे कि उनुकर कहल हर बात से कांग्रेस सहमत रहेले. अधिया के सरकारी बधिया करे वाली योजना पित्रोदा के आपन निजी विचार हवे. रउरो सुन लीं जयराम के बयान.

अब ई रउरा पर बा कि अपना बाप-दादा के अरजल-सिरजल संपति कांग्रेसी सरकार का नामे कर देबेला इंडी गठजोड़ के वोट कर का जितवा दीं भा अइसन की दीं कि भठियारन के साजिश नाकाम हो जाव.

चपरासी के क्वाटर से, स्कूल मास्टरी से, भा खाली नेतागिरी कर के अरबपति खरबपति बनल एह नेतवन के अपना बाप के धन त आपन हइए हवे, अब हमरो-रउरा बाप के धन हथियावे के साजिश बनावत बाड़ें ई लूटेरा सभ. बाद में मत कहब कि रउरा त मालूमे ना रहल. कांग्रेस अपना घोषणापत्र में आ अपना बयानन से ई बात रउरा के बता चुकल बाड़ें. भाजपा के त जानले जाला कि ऊ अपना घोषणापत्र में कहल हर काम पूरा कर के देखा देले. एह गफलत में मत रहब कि जब आजु ले आपन कहलका पर ना टिकलें कांग्रेसी त अबकियो ना टिकिहें सँ. दस बरीस से भुखाइल बाड़न स, जवने मिली तवने के गटक जइहें सँ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up