सरकार रंडीखाना से चले भा चंडूखाना से, कोर्ट केे एहसे का

by | Mar 22, 2024 | 0 comments


मथैला अगर रउरा के मथले होखे तबो साँच के साँच कहे के जोखिम उठावहीं केे पड़ी.

काल्हु दिल्ली के मुख्यमत्री अरविन्द केजरीवाल के ईडी उनुका सरकारी आवास से गिरफ्तार कर लिहलसि. कई तरह केे रिकार्ड बना चुकल अरविन्द केजरीवाल का नामे एगो अउर रिकार्ड जुड़ गइल, कुर्सी पर रहतेे गिरफ्तार होखे वाला मुख्यमंत्री के.

अबहीं लेे कई गो मुख्यमंत्री गिरफ्तारी सेे पहिले आपन पद छोड़ दिहलेें बाकिर अरविन्द केजरीवाल बेहयाई के एगो गलीज नमूना बन के सामने आइल बा. बेहयाई के हद त ई बा कि ओकर लगुआ-भगुआ कहत बाड़ें कि सरकार जेलेे से चलइहें केजरीवाल !

सवाल उठत बा कि का अइसन हो सकेला ? मानत बानी कि नियम-कायदा केे किताबन मेें अइसन हालात के कल्पनो नइखेे कइल गइल. काहेे कि कानून बनावेे वाला लोग कवनो शातिर अपराधी का दिमाग सेे ना सोच पावेे. किताब में त इहो नइखे लिखल कि सरकार रंडीखाना भा चंंडूखाना सेे चलावल जा सकेला कि ना. त का सभे एह बात पर आँख मूंद ली ?

राष्ट्रपति के समस्या बा कि ऊ दिल्ली में राष्ट्रपति शासन लगावे केे जोखिम उठावेे कि ना. एह बारे में कवनो फैसला करेे से पहिलेे उनुका अदालतन केे रुख का बारे मेें हजार बार सोचे केे पड़ी. बाकिर अदालतन का सामने अइसनका कवन उलझन बा कि उनुको मुँह से बकार नइखे निकलत. बात-बेबात स्वत: संज्ञान लेबे वाली अदालतन के ठकुआ काहे मार दिहले बा. सुप्रीम कोर्ट पता ना आजु आम आदमी पार्टी केे गोहार सुनी कि ना, बाकिर सुने से पहिले ऊ ई त पूछिए सकेलेे कि केजरीवाल के इस्तीफा का बारे मेें आ आ पा गोल के विचार का बा ? अगर अनैतिकता के हद पार कर चुकल लोग कहेे कि सरकार जेलो सेे चलावल जा सकेला त अइसन अनैतिक गोल का साथेे न्याय के करी ? काहें कि एक दिन अइसनो आ सकेला कि कवनो नशेड़ी कहे कि हम दारूखाना सेे सरकार चलाएब त का अदालत अइसन होखे दिहेें ?

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up